मनोज तिवारी

गवइया, एक्टर आ राजनीति नेता

मनोज तिवारी (जन्म 1 फ़रवरी 1971)[1] भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के सुपरस्टार, राजनेता आ संगीत निर्देशक बानीं। तिवारी जी 16वी लोकसभा चुनाव में सांसद चुनल गइल बानीं। [2]

मनोज तिवारी
16वी लोकसभा के सदस्य
कार्यकाल
मई 2014 -वर्तमान
निजी जानकारी
जनम1 फ़रवरी 1971
बिहार, भारत
राजनीतिक पार्टीभारतीय जनता पार्टी
जीवनसाथीरानी तिवारी (m. 1999–2012;तलाक दिहलें)
संतानएगो बिटिया
अकुपेशनअभिनेता, नेता, गायक, निर्देशक

फिल्मन में काम कइले से पहिले मनोज तिवारी तकरीबन दस साल भोजपुरी गायक की रूप में काम कई न। फेर सन 2003 में उ फिल्म 'ससुरा बड़ा पैसा वाला'में अभिनय कई न जवन मनोरंजन और आर्थिक दृष्टि से बहुत सफल फिल्म साबित भइल और मानल जाए लागल की भोजपुरी फिल्मन क नया दौर शुरू हो गइल बा। एकरी बाद उ दुगो और फिल्म 'दारोगा बाबू आई लव यू' और 'बंधन टूटे ना' नांव क फिल्मन में भी अभिनय कई न। मनोज तिवारी एगो टेलीविज़न कार्यक्रम 'चक दे बच्चे' में बतौर मेज़बान कार्य कई न। सन 2010 में मनोज तिवारी प्रतिभागी की तौर पर रियलिटी शो 'बीग बॉस' में हिस्सा लिह न।[3] मनोज तिवारी और श्वेता तिवारी 'कब अइबू अंगनवा हमार' और 'ए भौजी के सिस्टर' नामक फिल्मन में साथ-साथ काम क चुकल बालो। सन 2011 की मध्य में मनोज और उनकी पत्नी रानी में अलगाव हो गइल।[4] मनोज तिवारी नया धुन,गाना और अल्बम बनावल जारी रख न। उ अनुराग कश्यप द्वारा निर्देशित फिल्म 'गैंग्स ऑफ वासेपुर' खातिर एगो लोकप्रिय गीत 'जिय हो बिहार के लाला' भी गव न।[5] मनोज तिवारी सन 2011में बाबा रामदेव द्वारा रामलीला मैदान पर शुरू कइल गइल भ्रष्टाचार विरोधी आंदोलन और अन्ना आंदोलन में भी सक्रिय रह न।[6] 2009 में मनोज तिवारी समाजवादी पार्टी की ओर से राजनीति में आपन भविष्य अज़मव न लेकिन असफल रह न। फिलहाल तिवारी बीजेपी की तरफ से राजनीति में सक्रिय बा न और उतर-पूर्वी दिल्ली से संसद सदस्य हंव।

फिलोग्राफी संपादन करीं

इहो देखी संपादन करीं


संदर्भ संपादन करीं

  1. "Biography". Manoj Tiwari Official Website. Retrieved 2012-01-05.
  2. "Actor Manoj Tiwari to build temple for Tendulkar and Dhoni". Screen India. Indian Express. 8 जुलाई 2011. Retrieved 2012-01-05.
  3. "Exclusive: Meet the Bigg Boss 4 contestants". Rediff. 2 अक्टूबर 2010. Retrieved 18 December 2010.
  4. Jha, Giridhar (11 July 2011). "Manoj Tiwari appeals for help to persuade wife to drop divorce plan". India Today. Retrieved 2012-01-05.
  5. "Manoj Tewari croons for Anurag Kashyap". Archived from the original on 2013-01-03. Retrieved 2017-02-23.
  6. "Bhojpuri superstar Manoj Tiwari joins Ramdev's campaign against black money". The Hindu Business Line. PTI. 4 जून 2011. Retrieved 2011-01-05.

बाहरी कड़ियाँ संपादन करीं