महबूब उल हक़

पाकिस्तानी अर्थशास्त्री

महबूब उल हक़ (उर्दू: محبوب الحق; 24 फरवरी 1934 – 16 जुलाई 1998) एगो पाकिस्तानी अर्थशास्त्री रहलें। इनके परसिद्धि अंतर्राष्ट्रीय बिकास सिद्धांतकार के रूप में रहल आ ई पाकिस्तान के दसवाँ बित्तमंत्री भी रहलें।[1]

महबूब उल हक़
محبوب الحق
जनम(1934-02-24)24 फरवरी 1934
पंजाब, ब्रिटिश भारत
निधन16 जुलाई 1998(1998-07-16) (उमिर 64)
न्यू यॉर्क शहर, अमेरिका
राष्ट्रीयतापाकिस्तानी
Institutionपाकिस्तानी योजना आयोग
बित्त मंत्री
यूएनडीपी
बिस्व बैंक
कराची विश्वविद्यालय
सांख्यिकी बिभाग (पाकिस्तान)
Fieldअर्थशास्त्र (माइक्रोइकोनॉमिक्स)
School or
tradition
हेट्रोडॉक्स इकोनॉमिक्स आ गेम थियरी
Alma materपंजाब यूनिवर्सिटी, लाहौर (B.S.)
किंग्स कॉलेज, कैंब्रिज (B.A.)
एल यूनिवर्सिटी (Ph.D.)
Contributionsगेम थियरी
मानव बिकास इंडेक्स (HDI)
मानव बिकास रपट (HDR)
मानव बिकास

पंजाब यूनिवर्सिटी लाहौर में इकोनॉमिक्स पढ़े के बाद ई कैंब्रिज चल गइलेन आ उहाँ से डिग्री लिहलें। एकरे बाद येल यूनिवर्सिटी से पीएचडी कइलें आ हार्वर्ड केनेडी स्कूल में पोस्ट डॉक्टोरल रिसर्च कइलें। पाकिस्तान लवट के ई 1960 के दशक में ओहिजा के प्लानिंग कमीशन के मुख्य अर्थशास्त्री के रूप में काम कइलें आ बाद में जब जुल्फिकार अली भुट्टो के के अगुआई में समाजवादी सरकार चुनल गइल, अमेरिका चल गइलें। बिस्व बैंक में ई पॉलिसी डाइरेक्टर के रूप में पूरा 1970 के दशक में काम कइलें आ रॉबर्ट मकनामारा के चीफ़ इकोनॉमिक एडवाइजर (मुख्य आर्थिक सलाहकार) के रूप में काम कइलेन। [2][3]

सन् 1982 में लवट के पाकिस्तान अइलें आ 1985 में उहाँ के बित्त मंत्री बन्लें। एह दौर में सावधानी पूर्वक आर्थिक उदारबाद के नीति अपनावल गइल। बाद में फिर अमेरिका चल गइलें।

16 जुलाई 1998 के इनके न्यूयार्क में निधन भइल।

कुछ बीछल रचना संपादन करीं

  • The Strategy of Economic Planning (1963)
  • The Poverty Curtain: Choices for the Third World (1976). Columbia University Press. 247 pages. ISBN 0-231-04062-8
  • The Myth of the Friendly Markets (1992)
  • Reflections on Human Development (1996) Oxford University Press. 1st edition (1996): 288 pages, ISBN 0-19-510193-6. 2nd edition (1999): 324 pages, ISBN 0-19-564598-7
  • The U.N. and the Bretton Woods Institutions: New Challenges For The Twenty-First Century / Edited By Mahbub Ul Haq ... [Et Al.] (1995)
  • The Vision and the Reality (1995)
  • The Third World and the international economic order (1976)
  • New Imperatives of Human Security (1995)
  • A New Framework for Development Cooperation (1995)
  • Humanizing Global Institutions (1998)

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Mahbub ul Haq, a heretic among economists, died on 16 July, aged 64
  2. "Inaugural Mahbub ul Haq-Amartya Sen Lecture, UNIGE | Human Development Reports". hdr.undp.org. Retrieved 2016-02-23.
  3. "Amartya Sen - Biographical". www.nobelprize.org. Retrieved 2016-02-23.