महाकालेश्वर

मध्य प्रदेश के उज्जैन में महाकाल के मंदिर, 12 ज्योतिर्लिंग में से एक
(महाकाल मंदिर से अनुप्रेषित)

महाकाल मंदिर भारतीय राज्य मध्य प्रदेश के उज्जैन शहर में एगो हिंदू मंदिर बा। ई शिव के मंदिर हवे आ एकर मुख्य देवता महाकालेश्वर के नाँव से जानल जालें जबकि मंदिर में अस्थापित शिवलिंग बारह गो ज्योतिर्लिंग सभ में से एक हवे। देवता महाकाल के हिंदू, बौद्ध आ सिख धर्म में जिकिर मिले ला आ ई हिंदू धर्म में काली के संगी मानल गइल हवें। उज्जैन के महाकाल मंदिर एही हिंदू धर्म के महाकाल के सभसे परसिद्ध आ प्राथमिक मंदिर हवे।

महाकाल मंदिर
महाकालेश्वर is located in Madhya Pradesh
महाकालेश्वर
मध्य प्रदेश में लोकेशन
बेसिक जानकारी
लोकेशनउज्जैन
अक्षांस-देशांतर23°10′58″N 75°46′6″E / 23.18278°N 75.76833°E / 23.18278; 75.76833निर्देशांक: 23°10′58″N 75°46′6″E / 23.18278°N 75.76833°E / 23.18278; 75.76833
देवतामहाकालेश्वर (शिव) भा महाकाल
तिहुआरशिवरात, सावन के महीना
राज्यमध्य प्रदेश
देसभारत
वेबसाइटhttp://www.mahakaleshwar.nic.in

एह मंदिर के जिकिर प्राचीन साहित्य तक में मिले ला आ एकर बरनन कालिदास नियर कवी कइले बाने। आजकाल के समय में सालो भर इहाँ हिंदू तीर्थयात्री लोग आवे ला जबकि सावन के महीना में आ शिवरात के इहाँ खास भारी भीड़ होखे ले। भारतीय ज्योतिष के मोताबिक सुरुज के कर्क राशि से सिंह राशि में परवेश करे के समय, जेकरा सिंघस्थ कहल जाला, एह मंदिर क खास साजबाज कइल जाला।

संदर्भ संपादन करीं