माइटी राजू एगो भारतीय एनीमेशन सीरिज बा। ई राजू नाँव के 4-बरिस के लइका के एडवेंचर, बहादुरी आ बुद्धिमानी के कथा सभ पर आधारित बा। राजू आर्यनगर नाँव के काल्पनिक जगह पर रहे वाला बतावल गइल बाने आ इनके पापा साइंटिस्ट हवें। राजू के मददगार में इनके एगो कुक्कुर बा आ कई किसिम के मशीन आ हाई-फाई चीज भी इनका लगे बा जेह से ई अनोखा काम करे लें। राजू आम तौर पर सामान्य लइका सभ में घुल मिल के रहे लें आ जब कौनों संकट पड़े तब थोड़ी देर खाती गायब हो के माइटी राजू के भेस में आवे लें।

Mighty Raju
बिधा
लेखकTeja
डाइरेक्टरRajiv Chilaka
उत्पत्ती देसIndia
मूल भाषा(सब)
प्रोडक्शन
प्रसारण काल> 1 hour per episode
प्रोडक्शनकंपनीGreen Gold Animation Pvt Ltd
डिस्ट्रीब्यूटरGreen Gold Animation Pvt Ltd
रिलीज
मूल नेटवर्कPogo TV
बाहरी कड़ी
वेबसाइट
प्रोडक्शन वेबसाइट

एह कहानी के संकल्पना राजीव चिलाका के हवे आ ई ग्रीनगोल्ड एनीमेशन स्टूडियो के रचना हवे। वास्तव में ई छोटा भीम नाँव के पापुलर सीरीज के स्पिन-ऑफ हवे, ओकरे एगो किरदार राजू के हीरो के रूप में प्रस्तुत क के बनावल नया किसिम के कहानी हवे।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं