मानव बस्ती

𑂍𑂫𑂢𑂷 𑂦𑂲 𑂄𑂍𑂰𑂩 𑂍𑂵 𑂮𑂧𑂳𑂠𑂰𑂨, 𑂔𑂫𑂢𑂰 𑂧𑂵𑂁 𑂪𑂷𑂏 𑂩𑂯𑂵𑂪𑂰

भूगोल, सांख्यिकी, आ पुरातत्व बिज्ञान में बस्ती, स्थानीय निकाय भा सघन क्षेत्र एगो अइसन समुदाय के समझल जाला जहवाँ लोग रहेला। बस्ती के जटिलता एगो छोट जगह पर कुछेक घर के समूह से लेके सब से बड़हन शहर जवन चारो तरफ से सघन आबादी से घिरल बा तक फैलल हो सकत बा। बस्ती के मतलब एगो छोट टोला (टोल/टोली, अंग्रेजी: Hamlet (हैमलेट)), गांव, कस्बाशहर हो सकत बा। बस्ती ऐतिहासिक गुण जइसे की तारीख भा सदी जे में उ बसावल गइल रहल भा पहिला हाली फलाना द्वारा बसावल गइल रहल इ बात से भी रूबरू होला।

अमेरिका में स्थित एगो छोट कस्बा फ्लोरा, ओरेगोन जवन अनिगमित बा लेकिन फिर भी आबाद क्षेत्र समझल जाऽला।

भू-स्थानिक भविष्यवाणी मॉडलिंग के क्षेत्र में बस्ती के मतलब होला शहर, कस्बा, गांव भा मकान कुल के समूह जहां लोग रहेला भा काम करेला। [1]

एगो बस्ती में पारंपरिक तौर पर कुछ बनावल सुबिधा कुल हो सकत बा जइसे की सड़क, खेत के चारो ओर कांट के घेरा, खेत, सीमांकन, क्यारीं, गड्ढा, तालाब, बगइचा, चक्किघर भा मंदिर। [2]

संदर्भ संपादन करीं

  1. Dutta, Biswanath; Fausto Giunchiglia; Vincenzo Maltese (2010). "A Facet-Based Methodology for Geo-Spatial Modeling". GeoSpatial Semantics: 4th International Conference, GeoS 2011, Brest, France (PDF). p. 143.
  2. Medieval Settlement Research Group