मूँगा चाहे मूंगा एगो समुद्री जीव हवे। ई जीव इनवर्टीब्रेट, माने कि बिना रीढ़ के हड्डी वाला होलें आ जीव बिज्ञान के बर्गीकरण में इनहन के सिंडारिया संघ के एंथोजोआ वर्ग में रखल जाला। इनहन के अंग्रेजी में कोरल कहल जाला आ ई जीव झुंड में निवास करे लें जहाँ पूरा झुंड के कोरल कॉलोनी आ एक ठो जीव के कोरल पॉलिप कहल जाला। इनहन के मौत के बाद बाकी बचल अंग एकट्ठा होखत जाला आ चट्टान बनावे ला जेकरा के कोरल रीफ़ (मूँगा के चट्टान) कहल जाला।

ग्रेट बैरियर रीफ, ऑस्ट्रेलिया में मूँगा सभ के कॉलोनी के एगो हिस्सा।

संदर्भ संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं