मेरोप्स हिरुंडीनियस

चिरई के प्रजाति, एगो अफिरकी पतरेंगा

मेरोप्स हिरुंडीनियस (अंग्रेजी: swallow-tailed bee-eater, स्वैलो-टेल्ड बी-ईटर ; बैज्ञानिक नाँव: Merops hirundineus) पतरेंगा परिवार, मेरोपिडाई के एगो लगभग पासराइन चिरई हवे। ई उप-सहारा क्षेत्र, अफिरका में प्रजनन करे ले आ मुख्य रूप से ई प्रवासी पक्षी हवे जे बरखा के हिसाब से आवास-प्रवास करे ले।

मेरोप्स हिरुंडीनियस
M. hirundineus hirundineus
Tswalu Kalahari Reserve, South Africa
M. hirundineus chrysolaimus
Senegal
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: एनिमेलिया
(Animalia)
फाइलम: कार्डेटा
(Chordata)
ऑर्डर (Order): सौरिशिया
सबऑर्डर: थेरोपोडा
क्लास: एव्स
ऑर्डर (Order): Coraciiformes
परिवार: Meropidae
जाति (Genus): Merops
प्रजाति: M. hirundineus
दूपद नाँव
Merops hirundineus
Lichtenstein, 1793
अउरी दूसर नाँव
  • Dicrocercus hirundineus

ई प्रजाति, अउरी पतरेंगा चिरई सब के नियर, चटक रंग के आ छरहर आकृति के होखे ले। एकर रंग आ दू भाग में बँटल पोंछ एकरा के पहिचान करे में कौनों गलती ना होखे देलें। ई मुख्य रूप से हरियर रंग के होखे ले आ नरेटी पीयर रंग के होला, गौर्गेटी नीला रंग के आ आँख के पट्टी करिया रंग के आ ठोर करिया रंग के होखे ला। ई चिरई करीबन 20–22 सेमी तक ले लमहर हो सके ले जेकर पाँख लमहर हरियर चाहे नीला होखे लीं आ दू हिस्सा में बँटल होखे लीं। नर आ मादा दुन्नों एकही नियर होखे लें।[2]

ई अइसन चिरई हवे जे बाकी पतरेंगा सभ के तुलना में बेसी जंगल वाला इलाका पसंद करे ले। हालाँकि, ई चिरई आसानी से देखल जा सके ले। जइसन कि इनहन के अंग्रेजी नाँव बी-ईटर हवे, ई छोट-छोट किरौना खालीं, जइसे की माछी, हाड़ी, आ अउरी अइसने उड़े वाला किरौना जिनाहन के ई उड़ान के दौरान हवा में झपट के पकड़ लेवे लीं। एकर अबाबील नियर पोंछ एकरा के मधुमाछी सभ के शिकार करे में बेहतर बनावे ले।[2]

ई पतरेंगा सभ जोड़ा में चाहे बहुत छोट-छोट समूह के रूप में कालोनी बना के बलुआ तीरे सभ पर आपन खतोना बनावे लें, चाहे अइसने सपाट मैदानी जमीन पर। कुछ अपेक्षाकृत लमहर सुरंग नियर बना के ओही में ई 2 से 4 ठे गोलाई लिहले उज्जर अंडा देवे लीं। ई चिरई समूह में, मने की मंडली बना के शिकार चरे लीं आ आराम करे लीं।[2]

संदर्भ संपादन करीं

  1. BirdLife International (2016). "Merops hirundineus". खतरा में प्रजाति सभ के आइयूसीएन लाल सूची. 2016: e.T22683702A92996665. doi:10.2305/IUCN.UK.2016-3.RLTS.T22683702A92996665.en. Retrieved 11 नवंबर 2021.
  2. 2.0 2.1 2.2 Fry, H.; Boesman, P.F.D. (2020). "Swallow-tailed Bee-eater (Merops hirundineus)". Birds of the World. Cornell Lab of Ornithology. Retrieved 18 January 2022.{{cite web}}: CS1 maint: multiple names: authors list (link)Fry, H.; Boesman, P.F.D. (2020).

बाहरी कड़ी संपादन करीं