रिसर्च (अंग्रेजी: research) कौनों बिसय के डिटेल में अध्ययन हवे, बिसेस रूप से नया जानकारी के खोज करे खातिर चाहे नया किसिम के समझ बिकसित करे खातिर।[1] मने की, रिसर्च ज्ञान के भंडार में बढ़ंती खातिर कइल जाये वाला रचनात्मक आ सिस्टेमेटिक काम हवे, अइसन ज्ञान में आदमिन, संस्कृति आ समाज के बारे में ज्ञान भी शामिल बा, आ एह ज्ञान के भंडार के इस्तेमाल नया किसिम के इस्तेमाल करे लायक चीज (नया किसिम के एप्लीकेशन) सभ के ईजाद करे खातिर कइल जाला।[2] नया एप्लीकेशन सभ में नया उपयोगी चीज (भौतिक बस्तु), बिचार, सिद्धांत, मेथडोलॉजी चाहे औज़ार बनावल सामिल बा जेकर इस्तेमाल एकेडमिक सवालन के जबाब देवे में हो सके चाहे प्रेटिकल काम सब में इनहन के इस्तेमाल आदमिन के बेहतरी खाती हो सके। एह तरीका से, रिसर्च में नया ज्ञान के खोज भी सामिल बा आ पुराना मौजूद ज्ञान के अइसन नया अउरी रचनात्मक तरीका से इस्तेमाल भी शामिल बा जवना से नया कांसेप्ट, मेथडोलॉजी चाहे समझ बिकसित हो सके।[3]

खुद रिसर्च के बिबिध तरीका (मेथड) सभ के अध्ययन करे वाली शाखा के रिसर्च मेथोडोलॉजी (research methodology) हवे।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "RESEARCH | meaning in the Cambridge English Dictionary". dictionary.cambridge.org (अंग्रेजी में). Retrieved 2020-04-24.
  2. OECD (2015). Frascati Manual. The Measurement of Scientific, Technological and Innovation Activities (अंग्रेजी में). doi:10.1787/9789264239012-en. ISBN 978-9264238800.
  3. User (Squiz), University of Western Sydney-Root. "Definition of Research". www.westernsydney.edu.au (अंग्रेजी में). Retrieved 24 अप्रैल 2020. {{cite web}}: |last1= has generic name (help)