जीव बिज्ञान में इस्तेमाल होखे वाला बिस्तृत अरथ में रोगकारी (अंग्रेजी: Pathogen, पैथोजेन) अइसन कौनो भी चीज होला जे बेमारी (रोग) पैदा कर सकत होखे। इनहन के इन्फेक्शन एजेंट भी कहल जाला आ कीटाणु (जर्म) भी कहल जाला।

पैथोजेन शब्द के इस्तेमाल 1880 से शुरू भइल आ अइसन सूछ्मजीव सभ खाती एकर प्रयोग होखे जे दुसरे जीव के शरीर में घुस के ओकरा के बेमार कइ दें। एह में बैक्टीरिया, वायरस, प्रोटोजोआ, फंगस वगैरह सभ सामिल बाड़ें।