रोमानिस्क आर्ट चाहे रोमनेस्क आर्ट (अंग्रेजी: Romanesque art; रोम'नॆस्क) यूरोप के कला हवे जे 1000 ईसवी से ले के 12वीं सदी में गोथिक शैली के उदभव तक ले रहल। एकरे ठीक पहिले के समय के कला के प्री-रोमानिस्क आर्ट के नाँव से जानल जाल; एह टर्मावली के इस्तेमाल 19वीं सदी के कला इतिहासकार लोग कइल। रोमनेस्क कला कई मायने में रोमन सभ्यता आ कला से आपन चीज लिहलस जइसे कि गोल मेहराब (आर्च); बाकी कई गो नाया फीचर भी एह जमाना में आइल जइसे कि बैरल वाल्ट, एप्सीज आ एकान्थस-लीफ डेकोरेशन। पेंटिंग के मामिला में ई कला बाइजेंटाइन आर्ट से भी परभावित रहल।

एगो चर्च के अंदरूनी पिलर आ मेहराब जे रोमनेस्क इस्टाइल में गोल बनल बाड़ें
The painted crypt of Basilica of San Isidoro at León, Spain

इहो देखल जाय संपादन करीं