डॉश लुफ़्थान्सा जर्मनी क सबसे बड़का वायुसेवा है, आ एकरी कुल सहायक कम्पनी की साथ एके मिलावल जा त इ बेड़ा की आकार एवं सम्पूर्ण यात्री आवाजाही  दुनुं मामला में यूरोप क सबसे बड़का वायुसेवा बन जाले।   इ विमान कम्पनी 18 आंतरिक और 197 अन्तर्राष्ट्रीय गंतव्य स्थान जेमें अफ्रीका, अमरीका, एशिया और यूरोप शामिल बा, ए तरफ उड़ान संचालित करेले।[1] एकरी बेड़ा में 270 जहाज शामिल बा।  कंपनी क नांव मूलतः हवा खातिर जर्मन  शब्द “लुफ्त”   एवं हैन्सियेटिक लीग की खातिर शब्द “हांन्सा”  की संयोजन से बनल बा।

आपन खुद क यात्री विमानसेवा की अलावा लुफ़्थान्सा क कईगो विमान क्षेत्र से जुड़ल सहायक कम्पनी बाड़ी स जइसे की लुफ़्थान्सा टेक्निक।

सब सहायक कम्पनी क विमान मिला लिहल जा त लुफ़्थान्सा  दल में 615 गो विमान बान स, जेकरी चलते इ यात्री विमान सेवा क विश्व क सबसे बड़का जहाजी बेड़न में से एगो ह, 2014 में इ दल 106 मिलियन यात्री लोगन के उनकी गन्तव्य स्थान प पहुँचवलस।[2]

लुफ़्थान्सा क रजिस्टर्ड ऑफिस एवं मुख्यालय कोलोन में बा । एकर प्रमुख संचालन केंद्र क नांव लुफ़्थान्सा एविएशन सेंटर ह जवन की फ्रेंकफर्ट हवाईअड्डा पर आइल एकर प्राथमिक हब ह।[3][4] लुफ़्थान्सा क ज्यादातर पायलट, ग्राउंड स्टाफ, आ उड़ान परिचारक ओहिजा क हंव स। एकर दूसर मुख्य केंद्र म्युनिख हवाईअड्डा प बा।[5]

लुफ़्थान्सा 1994 ले सरकारी विमान सेवा रहे। एकरी 2014 की वार्षिक रिपोर्ट की अनुसार एकर लगभग 60% शेयर संस्थागत निवेशकन की लगे और 40% निजी व्यक्तिन की लगे रहे।

इतिहास संपादन करीं

लुफ़्थान्सा क शुरुआत 1926 में डॉश लुफ़्त हान्सा नाँव से बर्लिन में भइल रहे। इ संक्षिप्त में DLH की नाँव से जानल गइल और 1945 ले इ जर्मनी क ध्वजवाहक रहे जबले की नाजी जर्मनी की हार की चलते सब सेवा निलम्बित नाहीं करा गइल। एकरी बाद कई बदलाव और कईगो नया विमान खरीद की बाद, 1 अप्रैल 1955 के लुफ़्थान्सा एके सूचीबद्ध आंतरिक विमान सेवा शुरू कइले क अनुमति मिलल जेमें इ पहिले हेमबर्ग, डसलडोर्फ़, फ्रेंकफर्ट और मैड्रिड के जोड़लस। 15 मई 1955, से लन्दन, पेरिस और मेड्रिड के जोड़ले की साथ एकर अंतर्राष्ट्रीय विमान सेवा शुरू भइल।[6]

मुख्य ऑफिस संपादन करीं

लुफ़्थान्सा क रजिस्टर्ड ऑफिस एवं मुख्यालय कोलोन में बा। 1986 में एपर आतंकी हमला भइल रहे, जवने में कौनो जानहानी नाहीं भइल। 2006 में ए कंपनी की नया मुख्य मथक क नींव ड्यूज, कोलोन में पड़ल।

सहायक कंपनियाँ संपादन करीं

मुख्य यात्री विमान सेवा की आलावा लुफ़्थान्सा क ढेरो सहायक कंपनी बाड़ी स।

सुविधा संपादन करीं

लुफ़्थान्सा मे निम्नलिखित तरह क केबिन बा।

1. फर्स्ट क्लास

एमें उपलब्ध सीट 2 मीटर की बेड में बदल सकेला, एकरी आलावा एमें लैपटॉप चार्ज पॉइंट, मनोरंजन क सुविधा उपलब्ध बा। खाना मांग की अनुसार मिलेला। ज्यादातर हवाई अड्डा पर फर्स्ट क्लास की यात्री लोगन खातिर अलग से चेक इन काउंटर आ लोंज लुफ़्थान्सा की तरफ से उपलब्ध करावल गइल बा। [7]

2. बिज़नेस क्लास

एमें उपलब्ध सीट 2 मीटर की बेड में बदल सकेला एकरी आलावा एमें लैपटॉप चार्ज पॉइंट और साथ में मनोरंजन क सुविधा उपलब्ध बा। बिजनस क्लास की यात्री लोगन खातिर अलग से चेक इन काउंटर उपलब्ध बा।[8]

3. प्रीमियम इकॉनमी क्लास

इ श्रेणी 2014 में शुरू भइल, एमें केबिन एयर कनाडा की प्रीमियम इकॉनमी या फिर ब्रिटिश एयरवेज की वर्ल्ड ट्रेवेलर प्लस की तरह बा, एमें इकॉनमी क्लास की तुलना में 3 इंच क ज्यादा जगह रही जवन की विमान की प्रकार पर आधारित बा। सीट की साथ मनोंरजन क साधन उपलब्ध बा।

4. इकॉनमी

एमें यात्री लोगन के मुफ्त खान पीना उपलब्ध बा। आ मांग की अनुसार ऑडियो विडिओ क सुविधा मिली।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "लुफ्थांसा समूह-मार्ग का नक्शा". लुफ्थान्सा.कॉम. 2007-02-16. Retrieved 11 October 2013.
  2. "लुफ्थांसा वार्षिक रिपोर्ट 2012" (PDF). Retrieved 27 July 2015.
  3. "वहाँ कैसे पहुंचें". लॅक.लुफ्थान्सा.कॉम. Archived from the original on 1 November 2006. Retrieved 30 July 2002.
  4. "लुफ्थांसा फ्रैंकफर्ट में नए कार्यालय परिसर खोलता है". यूरोप इंटेलिजेंस वायर. जुलाई 19, 2006. Retrieved 25 August 2009.
  5. "लुफ्थान्सा उड़ान अनुसूची". क्लियरट्रिप.कॉम. Retrieved 30 September 2016.
  6. "एक जर्मन एयरलाइन फिर". फ्लाइटग्लोबल. 15 अप्रैल 1955. pp. 472–473. Retrieved 9 July 2013.
  7. "लुफ्थान्सा फर्स्ट क्लास". ए380.लुफ्थान्सा.कॉम. Retrieved 24 November 2010.
  8. स्नाइडर, ब्रेट. "तस्वीरें: लुफ्थांसा नया बिजनेस क्लास के अंदर". कुंडे नास्ट ट्रैवेलर. Retrieved 12 October 2014.