वाट्सएप

एगो फ्री सॉफ्टवेयर हवे जे स्मार्टफोन पर एप्लीकेशन के रूप में चले ला आ तुरंत सनेसा भेजे के सुबिधा

वाट्स एप मैसेंजर (WhatsApp Messenger) एगो फ्री सॉफ्टवेयर हवे जे स्मार्टफोन पर एप्लीकेशन के रूप में चले ला आ तुरंत सनेसा भेजे के सुबिधा देला।[2]इंटरनेट के इस्तेमाल क के तुरंत सनेसा (पाठ के रूप में) भेजे, कॉल करे, बीडियो काल करे, फोटो, एनीमेशन, डाकुमेंट, प्रयोगकर्ता के लोकेशन आ फोन कांटेक्ट भेजे के सुबिधा देला।[3][4] एकरा खातिर पहिचानक के रूप में सेलुलर फोन के नंबर के इस्तेमाल करे ला। ई एप्लीकेशन मोबाइल यंत्र सभ प चले ला हालाँकि, एकरा के डेस्कटॉप कंप्यूटर से भी एक्सेस कइल जा सके ला, ई सेलफोन नेटवर्क के नंबर सभ के इस्तेमाल क के एक दुसरे से कनेक्ट होखे के सुबिधा देला। मूल रूप में एह सुबिधा के द्वारा दू ब्यक्ति आपस में या कई लोग ग्रुप बना के आपस में संबाद क सकत रहे, सितंबर 2017 में ह्वाट्सएप द्वारा घोषणा कइल गइल कि अब एगो नया बिजनेस प्लेटफार्म के जरिये कंपनी सभ एकरे द्वारा कस्टमर केयर सुबिधा भी उपलब्ध करा सके लीं[5] वाट्सएप पर भेजल जाए वाला सगरी डेटा (सनेसा, फोटो, बीडियो, फाइल वगैरह) एंड-टू-एंड एनक्रिप्शन के इस्तेमाल से सुरक्षित होखे ला।

वाट्सएप इंक॰
बिजनेस प्रकारसब्सिडरी
स्थापितफरवरी 24, 2009; 15 साल पहिले (2009-02-24)
मुख्यालयमाउंटेन व्यू, कैलिफोर्निया, यूनाइटेड स्टेट्स
संस्थापक
  • जान कुम
  • ब्रायन एक्शन
सीईओजान कुम
कर्मचारी50[1]
मूल कंपनीफेसबुक
वेबसाइटwhatsapp.com

वाट्सएप के ज्यादातर उपभोक्ता माउंटेन व्यू, कैलिफोर्निया में स्थित वाट्सएप इंक॰ द्वारा बनावल गइल रहलें हालाँकि, फरवरी 2014 में एकरा के फेसबुक द्वारा लगभग US$19.3 बिलियन (अरब) अमेरिकी डालर में कीन लिहल गइल।[6][7] फरवरी 2016 ले, वाट्स एप के प्रयोगकर्ता आधार (यूजर बेस) लगभग एक अरब हो चुकल रहल[8] आ एह तरीका से ई आभासी (वर्चुअल) समुदाय सभ में सभसे पापुलर, या आसान भाषा में अपना समय के सभसे पापुलर मेसेजिंग एप बन चुकल रहल।[8][9] वाट्स एप के बढ़ती कई देसन में तेजी से भइल जेह में ब्राजील, भारत आ यूरोप के बहुत बड़ा हिस्सा सामिल बा।[8]

प्रयोगकर्ता सांख्यिकी संपादन करीं

22 अप्रैल 2014 तक ले, वाट्सएप के लगभग 500 मिलियन से ढेर माहवार सक्रिय प्रयोगकर्ता रहलें, 700 मिलयन फोटो आ 100 मिलियन बीडियो रोजाना शेयर कइल जात रहलें, आ हरदिन ई सनेसा सुबिधा 10 बिलियन से ढेर सनेसा हैंडिल क रहल रहे।[10][11]

24 अगस्त 2014 के, कूम द्वारा ट्विटर पर घोषणा कइल गइल कि पूरा दुनिया भर में वाट्सएप के 600 मिलियन से ढेर सक्रिय प्रयोगकर्ता बाड़ें। ई ऊ समय रहल जब रोज 25 मिलियन प्रयोगकर्ता लोग वाट्स एप से हर महीना जुड़ रहल रहे, यानी कि 833,000 सक्रिय प्रयोगकर्ता रोज जुड़ रहल रहे।[12] कुल दुनिया के 10%, मने कि 65 मिलियन प्रयोगकर्ता लोग के साथ भारत एह मामिला में नमर एक प रहल।[13]

मई 2017 ई रिपोट कइल गइल कि वाट्स एप के प्रयोगकर्ता लोग औसतन 646 साल के समय के बराबर समय बीडियो काल में बिता रहल रहे[14] मने कि 340 मिलियन मिनट रोज एह एप पर बीडियो काल में बितावत रहल।

फरवरी 2017 ले, वाट्सएप के 1.2 बिलियन प्रयोगकर्ता भ चुकल रहे लोग।[15]


इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Metz, Cade (15 September 2015). "Why WhatsApp Only Needs 50 Engineers for Its 900M Users". Wired. Condé Nast. Retrieved 2 August 2016.
  2. Metz, Cade (5 अप्रैल 2016). "Forget Apple vs. the FBI: WhatsApp Just Switched on Encryption for a Billion People". Wired (magazine). Condé Nast. Retrieved 13 मई 2016.
  3. Voice calling, March 12, 2015
  4. "WhatsApp Voice Calling". April 4, 2015.
  5. "Building for People, and Now Businesses". WhatsApp.com.
  6. Albergotti, Reed; MacMillan, Douglas; Rusli, Evelyn M. (20 फरवरी 2014). "Facebook's $18 Billion Deal Sets High Bar". दि वाल स्ट्रीट जर्नल. pp. A1, A6.
  7. "Facebook to Acquire WhatsApp" (Press release). February 19, 2014.
  8. 8.0 8.1 8.2 Metz, Cade (अप्रैल 5, 2016). "Forget Apple vs. the FBI: WhatsApp Just Switched on Encryption for a Billion People". Wired. Condé Nast. Retrieved अप्रैल 5, 2016.
  9. Leo Sun (सितंबर 11, 2015). "Facebook Inc.'s WhatsApp Hits 900 Million Users: What Now?". The Motley Fool.
  10. "WhatsApp crosses half-a-billion user mark; strong growth in India and Brazil". दि इंडियन एक्सप्रेस. अप्रैल 23, 2014.
  11. Amit Chowdhry, "WhatsApp Hits 500 Million Users", फोर्ब्स, retrieved मई 14, 2014
  12. Christian de Looper (सितंबर 6, 2014). "WhatsApp to reach 3 billion users, Zuckerberg to invest billions". Daily Digest News. Archived from the original on 2014-09-07. Retrieved सितंबर 7, 2014. {{cite web}}: Italic or bold markup not allowed in: |publisher= (help)
  13. Jayadevan PK (अक्टूबर 3, 2014). "Google planning to launch own mobile messaging app similar to WhatsApp". The Economic Times. Retrieved अक्टूबर 3, 2014. {{cite web}}: Italic or bold markup not allowed in: |publisher= (help)
  14. "Whatsapp users spend an average of 646 years on video calls". Smatt Geeks Media (अमेरिकी अंग्रेजी में). 2017-05-09. Archived from the original on 2018-03-08. Retrieved 2018-03-08.
  15. Statt, Nick (2016-02-01). "WhatsApp has grown to 1 billion users". The Verge. Retrieved 2016-05-23.

बाहरी कड़ी संपादन करीं