आँकलन मने कौनों चीज के जाँच के ओकरा परिणाम अनुसार ओ चीज के क्वालिटी बतावल बाटे। बाकी इहाँ एकर बिसेस अर्थ बा विकिपीडिया पर बनल लेखवन के अपनी राय अनुसार उन्हन के क्वालिटी बतावल। ए से इन्हन के एगो दर्जा मिल जाला जेवना से पता चलेला की लेख कवनी अवस्था में बाटे आ अबहिन ओम्मेन केतना बिस्स्तार आ सुधार करे के बाटे।

ढेर जानकारी चाहत होखीं त अंग्रेजी में देखीं: Article assessment section जहाँ ई आँकलन कइसे काम करेला एकर नीमन जानकारी दिहल बाटे।

अकसर पूछल जाए वाला सवाल संपादन करीं

जरूरत संपादन करीं

लेख सभ के आँकलन के जरूरति का बा?
ए से ई पता चलेला की लेख कवनी अवस्था में बाटे आ अभी केतना सुधार के जरूरत बाटे।
का ई आँकलन ऑफिशियल बाटे?
नाहीं; ई संपादन करे वाला सदस्य लोगन खातिर एक तरह के निशानदेही हवे की उन्हान लोगन के कवना लेख सभ पर सुधार के काम करे के चाहीं। ई पाठक लोगन खातिर ना हवे, बाकी लेख के दर्जा जाने में सहायता जरूर मिल सकेले पढ़हूँ वाला के।

आँकलन कइसे करीं संपादन करीं

आँकलन के कर सकत बाटे?
आमतौर पर लेखवन के आँकलन केहू कर सकेला (सुरुआती से नीमन की बिचा में)। नीक लेख, ख़ूब नीमन आ बीछल लेख के आँकलन के तरीका दूसर बाटे। उन्हन खातिर नियमावली बाटे आ नामांकन आ सदस्यन की सामूहिक राय से उन्हन के आँकलन होला।

एही से आप सुरुआती लेख, C-क्लास लेख, B-क्लास लेख के पहिचान क के उन्हान के आँकलन कर सकत बानी, बाकी कौनों लेख के ए से बढ़ियां निसान देवे खातिर नामांकन करे के पड़ी आ मतदान से ई फ़ैसला होई।

कइसे पहिचान करीं?
नीचे दिहल पैमाना देखीं; अगर आपके ए पैमान की हिसाब से ई बुझात बा कई लेख कौना दर्जा के बा त आपन आँकलन जोड़ीं। धियान रहे की नीक लेख, ख़ूब नीमन लेख आ बीछल लेख के आँकलन मत जोड़ीं। आँकलन करे के तरीका नीचे दिहल बाटे।
का एकर संबंध Wikipedia:Article Feedback Tool से बा, ई कई ठे लेखवन की अंत में लउके ला?
नाहीं, ऊ एगो बिलकुले अलगा चीज हवे।

आम चिंता संपादन करीं

हमके पहिले से दिहल आँकलन ठिक नइखे लागत तब?
निश्चिन्त हो के आप पुरान आँकलन बदल के अपनी समझ से एकर फिन से आँकलन कर सकत बानी।
का ई आँकलन सबका राय में एक्के नियर होखी?
नाहीं, कौनों लेख बदे अलग अलग लोगन के राय अलग हो सके ला। ई त एगो आसान आ औसत तरीका बाटे ई बताबे के कई अकुनों लेख कवनी अवस्था में बाटे। हमनी की लगे इहे सभसे नीमन तरीका बाटे, अगर राउर कौनों सुझाव होखे त जरूर बताईं (एही पन्ना की बातचीत पन्ना पर)।
पुरनका आँकलन करेवाला कौनों कमेंट काहें ना कइलस?
आँकलन के काम ढेर बा आ एही से आमतौर पर आँकलन करेवाला हो सकेला कौनों कमेंट न लिखले होखे। बाकी अगर आप के कौनों संदेह होखे त आँकलन करे वाला से सीधे पूछीं, ऊ जरूर जवाब दिहें लोग।

आँकलन करे खातिर ई साँचा एकरी जरूरी पैरामीटर की साथे जोड़ीं:


दर्जा पैमाना संपादन करीं

लेखवन के निसानी देवे खातिर आमतौर पर ई चीन्हा प्रयोग मे आवेला:

  • बीछल लेख या FA  
  • पुरान बीछल लेख या FFA  
  • खूब नीमन लेख या A-क्लास लेख  
  • नीक लेख या GA 
  • लिस्ट से हट गइल नीक लेख या DGA  
  • B-क्लास लेख या B  
  • C-क्लास लेख या C  
  • सुरुआती लेख या Start  
  • आधार लेख या Stub
  • ए चीन्हा कुल के एगो पुरा लिस्ट इहवाँ मिली।


नीचे इन्हन से संबंधित पैमाना दिहल बाटे जेवना की आधार पर ई निसान लेख पर लगावल जाला: