विलियम कूपर (अंग्रेजी: William Cowper; /ˈkpər/ KOO-pər; 26 नवंबर 1731 – 25 अप्रैल 1800)[नोट 1] एगो अंगरेज कवी रहलें। अपना समय के ई सभसे ढेर पापुलर कवी रहलें आ रोमांटिक कबिता के सुरुआती दौर के अगुआ लोग में गिनल जालें। कूपर अठारहवीं सदी के जमाना के प्रकृति आधारित कबितई के दिशा बदल दिहलें आ रोज के जिनगी के ऊपर आ इंग्लैंड के देहाती जिनगी के ऊपर कबिता लिखलें। कई प्रकार से, ई रोमांटिक कबिता के अगुआ लोग में से एक रहलें। कूलरिज इनका के "दि बेस्ट मॉडर्न पोएट" कहलें, विलियम वर्डस्वर्थ इनके कबिता सभ में से यार्डली-ओक के खास तारीफी कइलें।[2] ई कवी जूडिथ मैडन के भतीजा रहलें।

विलियम कूपर
कूपर[1]
जनमWilliam Cowper
(1731-11-26)26 नवंबर 1731
बर्कहैमस्टेड, हार्टफोर्डशायर, इंग्लैंड
निधन25 अप्रैल 1800(1800-04-25) (उमिर 68)
ईस्ट डरहम, नॉरफ्लॉक, इंग्लैंड
शिक्षावेस्टमिन्स्टर स्कूल
पेशाकवि

एक समय में, 1763–65 के बीच, कूपर के पागलपन खाती भर्ती करावे के परल, एकरे बाद ऊ एकदम से इवेंजिकल ईसाई धर्म में लीन भ गइलें आ ईहे उनके गीत सभ खाती प्रेरणा के काम कइलस। ठीक होखे के बादो, संदेह नियर मानसिक बेमारी से ग्रस्त रहलें आ कहल जाला कि 1773 में एगो सपना देखे के बाद, धार्मिक बेहवार में बूड़ गइलें। फिर ठीक होखे पर, फिन से कबिता लिखलें आ अबकी बेर ई कबिता सभ अउरी ढेर धार्मिक रहली स।

इनके धार्मिक भावना आ जॉन न्यूटन के साथे इनके मेलजोल (जे "अम्मेजिंग ग्रेस" गीत लिखलें) इनके ज्यादातर कबिता के स्रोत बनल जेकरे खाती इनके सभसे ढेर जानल-मानल जाला। एही क्रम में ई ओल्नी हीम्स सिरीज लिखलें। इनके कबिता लाइट शाइनिंग आउट ऑफ डार्कनेस में अंग्रेजी भाषा के नया बाक्य मिलल: "गॉड मूव्ज इन अ मिस्टीरियस वे/हिस वंडर्स टु पर्फोम"

नोट संपादन करीं

  1. Date of birth is given in New Style (Gregorian calendar). Old Style date is 15 November 1731.Chisholm, Hugh, ed. (1911). "Calendar" . एन्साइक्लोपीडिया ब्रिटैनिका (अंग्रेजी में). Vol. 4 (11वाँ ed.). कैंब्रिज युनिवर्सिटी प्रेस.

संदर्भ संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं