सवाना

खुला जंगल आ घास के मैदान वाला इकोसिस्टम

सवाना (अंग्रेजी: savanna चाहे savannah) घास के मैदान होलें जिनहन में छिटपुट बड़हन पेड़ भी पावल जालें।[1] अइसन खुला जंगली इलाका जहाँ पेड़ अतना दूर-दूर होखें की कैनोपी खुला होखे आ नीचे घास के परत होखे।[2][3][4] ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया के हिसाब से अइसन गरम जलवायु वाला इलाका सभ के सवाना कहल जाला जहाँ एगो लमहर सूखा सीजन भी होखे आ एकरे चलते घन बन के बजाय खुला जंगल (वुडलैंड) होखे जिनहन में बड़हन पेड़ दूर-दूर होखें आ जमीन पर ऊँच घास के मैदान होखे।[5] हालाँकि, कुछ परिभाषा सभ में ई खाली गरम भा उष्णकटिबंधी क्षेत्र के अइसन घासभूमि भर खातिर ना बलुक कौनों अइसन घासभूमि खातिर इस्तेमाल कइल गइल बाटे। एह तरीका से अइसन टेम्परेट घासभूमि सभ के भी टेम्परेट सवाना कहल जा सके ला जहाँ घास के साथे साथ छिटपुट बड़ पेड़ भी होखत होखें।[6][7]

तंजानिया के तारंगीरी नेशनल पार्क के एगो सीन

सवाना घास के मैदान सभ के नाँव पर सवाना जलवायु के नाँव भी पड़ल हवे; खासतौर से कोपेन के जलवायु वर्गीकरण सिस्टम में AwAs किसिम के जलवायु के उष्णकटिबंधी सवाना भा ट्रॉपिकल सवाना जलवायु कहल जाला।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "The grassland biome". ucmp.berkeley.edu. Retrieved 25 मार्च 2022. Savanna is grassland with scattered individual trees.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)
  2. Anderson, Roger A., Fralish, James S. and Baskin, Jerry M. editors.1999. Savannas, Barrens, and Rock Outcrop Plant Communities of North America. Cambridge University Press.
  3. McPherson, G. R. (1997). Ecology and management of North American Savannas. Tucson, AZ: University of Arizona Press.
  4. Werner, Patricia A.; B. H. Walker; P. A Stott (1991). "Introduction". In Patricia A. Werner (ed.). Savanna Ecology and Management: Australian Perspectives and Intercontinental Comparisons. Oxford: Blackwell Publishing. ISBN 978-0-632-03199-3.
  5. "savanna | ecological region | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 25 मार्च 2022. vegetation type that grows under hot, seasonally dry climatic conditions and is characterized by an open tree canopy (i.e., scattered trees) above a continuous tall grass understory (the vegetation layer between the forest canopy and the ground).{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)
  6. Cilek, Vaclav (15 जुलाई 2009). Earth System: History and Natural Variability - Volume III (अंग्रेजी में). EOLSS Publications. ISBN 978-1-84826-106-8.
  7. "Temperate Savanna Ecosystems". Severson Dells Nature Center. 25 अगस्त 2020. Retrieved 25 मार्च 2022.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)

बाहरी कड़ी संपादन करीं