सार्स कोरोनावायरस 2 (SARS‑CoV‑2) जेकर अंग्रेजी में पूरा नाँव सीवियर एक्यूट रेस्पिरेटरी सिंड्रोम कोरोनावायरस 2 (Severe acute respiratory syndrome coronavirus 2) नाँव रखल गइल बा, आ आजकाल्ह खाली कोरोनावायरस के नाँव से जानल जा रहल बा, एक किसिम के वायरस हवे जेकरा चलते कोविड-19 बेमारी होला आ आजकाल्ह कोविड-19 महामारी पूरा दुनियाँ भर में फइलल बाटे। शुरुआत में एकरा के 2019 नोवल कोरोना वायरस नाँव दिहल गइल रहे आ ह्यूमन कोरोनावायरस के नाँव से भी बोलावल गइल। एह वायरस के चलते जब दिसबंर 2019 में कोविड-19 बेमारी के शुरुआत भइल, बिस्व स्वास्थ संगठन (WHO) जल्दिये 30 जनवरी 2020 के एह बेमारी के इंटरनेशनल संकट के बेमारी घोषित कइलस आ मार्च 2020 आवत-आवत ई अतना फइल गइल की एकरा के महामारी घोषित क दिहलस।

सार्स कोरोनावायरस के खुर्दबीन (माइक्रोस्कोप) से लिहल फोटो