सिसिली (अंग्रेजी: Sicily) चाहे सिसली, भूमध्य सागर में सभसे बड़हन दीप हवे आ इटली के 20 गो क्षेत्र (प्रांत) सभ में से एगो क्षेत्र हवे। ई इटली के पाँच गो खुद शासित इलाका (ऑटोनॉमस रीजन) सभ में आवे ला आ एकर राजधानी पालेर्मो शहर हवे। पूरा टापू के कुल आबादी लगभग 50 लाख (5 मिलियन) बाटे।

Sicily
राजधानीपालेर्मो
Area
 • Total25,711 किमी2 (9,927 बर्ग मील)
Population
 (2019)[1] (8.3% of Italy)
 • Total4,969,147
 • Density190/किमी2 (500/बर्ग मील)
Time zoneUTC+1 (CET)
 • Summer (DST)UTC+2 (CEST)
WebsitePTI.Regione.Sicilia.it

त्रिभुज के आकृति के ई दीप इटली के मुख्य जमीनी एरिया से दक्खिन ओर पड़े ला जेकरा से मेसिना जलजोड़ एकरा के अलगा करे ला। ई एक तरह से भूमध्य सागर के बीचोबीच वाला हिस्सा में हवे। एकरे दक्खिन-पच्छिम में सभसे नगीचे के जमीनी हिस्सा ट्यूनीशिया के बा आ इनहन के बीचा में के जलजोड़ के सिसिली जलजोड़ कहल जाला। सिसिली के उत्तर में टाइरेनियन सागर बा जेह में कई गो दीप आ ज्वालामुखी बाड़ें; स्ट्राम्बोली इनहने में से हवे। सिसिली के सभसे प्रमुख रूप से जानल जाये वाला भूगोलीय चीज माउंट एटना हवे जे यूरोप के सभसे ऊँच सक्रिय ज्वालामुखी हवे आ दुनियाँ के कुछ सबसे बेसी सक्रिय ज्वालामुखी सब में सामिल बा।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Statistiche demografiche ISTAT". Demo.istat.it. Archived from the original on 24 July 2019. Retrieved 16 June 2020.