सुल्तान अहमद मस्जिद या नीली मस्जिद तुर्की के इस्तांबुल शहर में एक ठो मस्जिद बाटे। ई महजिद एक ठो बहुत पापुलर पर्यटन आकर्षण हवे आ अभिन ले इहाँ धार्मिक प्रार्थना भी जारी बा जबकि एकर निर्माण 1609 से 1616 के बीच पहिला अहमद के द्वारा बनवावल गइल रहल।

मस्जिद के हाता
सुल्तान अहमद मस्जिद

मस्जिद के सभसे प्रमुख बिसेसता एकर अंदरूनी सजावट बाटे। एकरा अंदर के देवार पर नीला रंग के टाइल जड़ल बाटे। ई हाथ से पेंट कइल टाइल हई। इनहने के कारण एह मस्जिद के नीली मस्जिद भी कहल जाला।

संदर्भ संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं