सोफा चाहे काउच एक किसिम के फर्नीचर हवे जे पर दू या तीन लोग के बइठे के जगह होला, लोग बेंच वाला इस्टाइल में अगल-बगल बइठे ला, साइड में हत्था होला आ गद्दी में स्प्रिंग लागल होला भा मोट फोम के गद्दी होला। आमतौर पर ई बइठे खातिर होला बाकिर कुछ सोफा पर सुतलो जा सके ला। ई घर में लिविंग रूम, ड्राइंग रूम में रखल जाला हालाँकि, घरेलू इस्तेमाल के अलावा ई होटल सभ के लाउंज में, ऑफिस सभ के वोटिंग एरिया वगैरह में भी रखल मिल सके ला।

ऑफिस के लॉबी में रखल एगो सोफा सेट