स्पून्स सेक्स पोजीशन

एक किसिम के सेक्स पोजीशन

स्पून्स सेक्स पोजीशन भा स्पूनिंग एक तरह के सेक्स पोजीशन जेह में सेक्स भा सेक्सुअल क्रिया करे वाला दुनो ब्यक्ति एक ओर मुँह क के लेटे लें आ आगे वाला ब्यक्ति (आमतौर प औरत) के पाछे से लिंग के परवेश करा के मरद ओकरा साथे संभोग करेला। एकरा के पोजीशन 99 भी कहल जाला। ई पाछे से लिंग घुसाव वाला सेक्स पोजीशन हवे, दूसर अइसन पाछे से लिंग घुसाव वाली पोजीशन डॉगी स्टाइल होला। कुछ सेक्सोलॉजिस्ट लोग एकरा के "मूलभूत चार" (बेसिक फोर) सेक्स पोजीशन में से एक ठो माने ला, जबकि सभसे ढेर बेहवार में आवे वाली पोजीशन मिशनरी पोजीशन हवे।

spoons sex position
स्पूंस पोजीशन के चित्र में निरूपण

एकर नाँव स्पून यानी कि चम्मच के नाँव पर एह कारन धराइल मानल जाला काहें कि जेह तरीका से दू गो चम्मच के दुसरे के साथ फिट हो जालें (एकही ओर मुँह कइ के) ओही तरे मरद-मेहरारू के शरीर के अवस्था एह पोजीशन में होखे ले। एकर फ्रांसीसी नाँव पोजीशन 99 हवे जे पोजीशन 69 के तरज प धइल गइल हवे, यानी कि एह पोजीशन में शरीर के स्थिति 99 नियर एकही ओर मुँह कइले होखे ले, जबकि 69 के पोजीशन में एक पार्टनर के मुँह दुसरे पार्टनर के यौन अंग पर होला आ ई मुँह से मैथुन के क्रिया वाली पोजीशन हवे।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं