यूनाइटेड नेशंस

बैस्विक इंटरनेशनल आ अंतरसरकारी संगठन
(संयुक्त राष्ट्र से अनुप्रेषित)

यूनाइटेड नेशंस (अंग्रेजी: United Nations भा UN) भा संजुक्त राष्ट्र, संछेप में यूएन, देसन के सरकारन के बीच स्थापित अंतरसरकारी संस्था हवे जेकर उद्देश्य अंतर्राष्ट्रीय सहजोग हवे। एकर स्थापना दूसरा बिस्व जुद्ध के बाद लीग ऑफ नेशंस के रद्द क के भइल, तारीख 24 अक्टूबर 1945 के। स्थापना के समय एह में 51 गो देस सामिल भइलेन, अब कुल 193 देस सदस्य बाने।

यूनाइटेड नेशंस के झंडा

यूनाइटेड नेशंस एगो अंतरसरकारी संगठन हवे जेकर मकसद अंतर्राष्ट्रीय शांति आ सुरक्षा के बनवले रखल, देस सभ के बीच मैत्रीपूर्ण संबंध बिकसित कइल, अंतर्राष्ट्रीय सहयोग हासिल कइल आ राष्ट्र सभ के कामकाज के सामंजस्य बनावे के केंद्र बनल बा।[1] ई दुनिया के सभसे बड़ आ सभसे परिचित अंतर्राष्ट्रीय संगठन हवे।[2] संयुक्त राष्ट्र के मुख्यालय न्यूयॉर्क शहर में अंतर्राष्ट्रीय इलाका पर बा, आ एकर अउरी मुख्य कार्यालय जिनेवा, नैरोबी, वियनाहेग (अंतर्राष्ट्रीय न्यायालय के अस्थान) में बाड़ें।

संयुक्त राष्ट्र के स्थापना दुसरा बिस्व जुद्ध के बाद भविष्य के युद्ध सभ के रोके के मकसद से भइल आ ई काफी हद तक बेअसर रहे वाला लीग ऑफ नेशंस के बाद बनल।[3] 25 अप्रैल 1945 के सैन फ्रांसिस्को में एगो सम्मेलन खातिर 50 गो सरकार सभ के बइठक भइल आ यूएन चार्टर के मसौदा बनावल शुरू कइल गइल जे 25 जून 1945 के अपनावल गइल आ 24 अक्टूबर 1945 के लागू भइल जब यूएन के कामकाज शुरू भइल। चार्टर के अनुसार, संगठन के उद्देश्य सभ में अंतर्राष्ट्रीय शांति आ सुरक्षा के बनावे रखल, मानव अधिकार सभ के रक्षा कइल, मानवीय सहायता पहुँचावल, टिकाऊ बिकास के बढ़ावा दिहल आ अंतर्राष्ट्रीय कानून के पालन कइल सामिल बा।[4] एकरे स्थापना के समय यूएन के 51 गो सदस्य देस रहलें; 2011 में दक्खिन सूडान के जोड़े के साथ अब सदस्यता 193 हो गइल बा जे दुनिया के लगभग सगरी संप्रभु राज्य सभ के प्रतिनिधित्व करे लें।[5]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "United Nations Charter". www.un.org (अंग्रेजी में). 17 June 2015. Archived from the original on 18 March 2022. Retrieved 20 March 2022.
  2. "International Organization". National Geographic Society (अंग्रेजी में). 23 December 2012. Archived from the original on 16 November 2020. Retrieved 24 October 2020.
  3. "'The League is Dead. Long Live the United Nations.'". National WW2 Museum New Orleans. 19 April 2021. Archived from the original on 24 February 2022. Retrieved 10 March 2022.
  4. "UN Objectives". www.un.org (अंग्रेजी में). Archived from the original on 22 November 2018. Retrieved 22 November 2018.
  5. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named UN_SouthSudan_193rd_state