सारस (अंग्रेजी: Sarus crane; बैज्ञा. नाँव: Antigone antigone) चिरइन क एगो प्रजाति हवे। ई एकही इलाका में स्थाई रूप से रहे वाली (नॉन-माइग्रेटरी) चिरई हवे जे भारतीय उपमहादीप, दक्खिन-पुरुब एशिया आ ऑस्ट्रेलिया के कुछ हिस्सन में पावल जाले। दुनियाँ के सभसे ऊँच उड़े वाली चिरई हवे जे खड़ा होखला पर 1.8 मी (5 फुट 11 इंच) ऊँचाई वाली होखे ले; नमभूमि सभ, सीजनल बूड़े बाला जंगल, आ खुला जंगल सभ के इलाका में निवास करे ले।

Sarus crane
A. a. antigone from India with the distinct white "collar"
CITES Appendix II (CITES)[2]
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: एनिमेलिया
(Animalia)
फाइलम: कार्डेटा
(Chordata)
ऑर्डर (Order): सौरिशिया
सबऑर्डर: थेरोपोडा
क्लास: एव्स
ऑर्डर (Order): Gruiformes
परिवार: Gruidae
जाति (Genus): Antigone
प्रजाति: A. antigone
दूपद नाँव
Antigone antigone
(Linnaeus, 1758)
Subspecies
  • A. a. antigone (Linnaeus, 1758)
    (Indian sarus crane)
  • A. a. sharpii (=sharpei) Blanford, 1895[3]
    (Indochinese or Burmese sarus crane, Sharpe's crane, red-headed crane)
  • A. a. gilliae (=gillae) Schodde, 1988
    (Australian sarus crane)
  • A. a. luzonica Hachisuka, 1941
    (Philippine sarus crane – extinct)
  Approximate current global distribution
अउरी दूसर नाँव
  • Ardea antigone Linnaeus, 1758[4]
  • Grus antigone (Linnaeus, 1758)
  • Grus collaris Boddaert, 1783

संस्कृति में संपादन करीं

भारत में एह प्रजाति के पूजल जाला आ कथा हवे कि कवि वाल्मीकि, जिनकरा के संस्कृत के आदि कवी कहल जाला, एगो शिकारी के सरस के मारत देख के दुःख भरल बानी में सराप दिहलें आ फिर एही के बाद रामायण महाकाव्य लिखे के प्रेरणा मिलल। ई प्रजाति भारत के राष्ट्रीय चिरई के रूप में बीछल जाए के दावेदारी में भारतीय मोर के करीबी कंपटीशनर रहल। गोंडी लोग में "पाँच देवता के उपासक" के रूप में वर्गीकृत जनजाति सभ सरुस क्रेन के पवित्र माने लें। प्राचीन हिंदू ग्रंथन में सारस के मांस के वर्जित मानल जात रहे। सारस क्रेन के बहुतायत में आजीवन जोड़ी बनावे के बात मानल जाला आ एक साथी के मौत से दुसरा साथी के मौत के मौत होखे के कारण मानल जाला। ई बियाहुत गुण के प्रतीक हवें आ गुजरात के कुछ हिस्सा में नवविवाहित जोड़ा के सरस क्रेन के जोड़ी देखे ले जाए के रिवाज बा।

संदर्भ संपादन करीं

  1. BirdLife International (2016). "Antigone antigone". खतरा में प्रजाति सभ के आइयूसीएन लाल सूची. 2016: e.T22692064A93335364. doi:10.2305/IUCN.UK.2016-3.RLTS.T22692064A93335364.en. Retrieved 20 February 2022.
  2. "Appendices | CITES". cites.org. Retrieved 2022-01-14.
  3. Blanford, W.T (1896). "A note on the two sarus cranes of the Indian region". Ibis. 2: 135–136. doi:10.1111/j.1474-919X.1896.tb06980.x.
  4. "Ardea antigone Linnaeus, 1758". TreatmentBank. Swiss Plazi GmbH. 2021. Retrieved 30 September 2023.