अंगारकाठी[1] चाहे सलाई एगो अईसन जंतर हऽ जे आगि जरावे के कामे आवेला। अंगारकाठी काठ चाहे कागज के बनल रहेला। एह काठी के एक देने अईसन चीझ साटल रहेला जेकरा कुछु प रगड़ला पे ओमे आगि लागि जाला। अंगारकाठी सभ के एगो डिब्बा मे धइल जाला जेकरा अंगारपेटी[2] कहल जाला।

एगो जरत अंगारकाठी
  1. Tiwari Arjun, Bhojpuri-Hindi Shabdakosh, Vishwavidyalaya Prakashan, Varanasi, 2019, pp.5
  2. Tiwari Arjun, Bhojpuri-Hindi Shabdakosh, Vishwavidyalaya Prakashan, Varanasi, 2019, pp.6