अगुंबे

कर्नाटक के शिमोगा जिला में एगो गाँव आ पहाड़ी दर्रा

अगुंबे चाहे अगुम्बे (अंग्रेजी: Agumbe; लोकल: आगुंबे), जेकरा के अगुंबे घाट के नाँव से भी जानल जाला, भारतीय राज्य कर्नाटक के शिवमोग्गा जिला में एगो जगह बा। ई तीर्थहल्ली तालुका (तहसील) के एगो गाँव हवे।

Agumbe
village
Clouds at Sunset point, Agumbe
Clouds at Sunset point, Agumbe
Nicknames: 
Agumbe is located in Karnataka
Agumbe
Agumbe
Location of Agumbe
Coordinates: 13°30′31″N 75°05′45″E / 13.5087°N 75.0959°E / 13.5087; 75.0959निर्देशांक: 13°30′31″N 75°05′45″E / 13.5087°N 75.0959°E / 13.5087; 75.0959
Country India
StateKarnataka
DistrictShimoga district
RegionMalenadu
Area
 • Total3 किमी2 (1 बर्ग मील)
Elevation823 m (2,700 ft)
Population
 • Total600
 • Density200/किमी2 (520/बर्ग मील)
Languages
 • OfficialKannada
Time zoneUTC+5:30 (आइएसटी)
PIN
577411
Telephone code08181
Vehicle registrationKA-14

दक्खिनी भारत के पच्छिमी किनारा पर मौजूद पच्छिमी घाट परबत श्रेणी के बीच-बीच में कई जगह दर्रा बाड़ें जिनहन के "घाट" के नाँव से जानल जाला; जइसे कि पाल घाट, भोर घाट, थाल घाट वगैरह। अइसने दर्रा सभ में से मालनड क्षेत्र के ई आगुम्बे घाट भी एगो दर्रा हवे जे शिवमोग्गा भा शिमोगा शहर के उडुपी से जोड़े ला।[3] एह घाट भा दर्रा से हो के जाए वाली सड़क शिमोगा-उडुपी-मंगलोर के एगो प्रमुख रास्ता हवे। सड़क मार्ग के चौड़ीकरण के हाल में दोबारा सुरुआत भइल बा जेकर माँग लमहर समय से रहल बाटे।[4]

एकरे अलावा एह जगह के परसिद्धि "दक्खिन भारत के चेरापूँजी" के रूप में भी हवे काहें से कि ई इलाका भारी बरखा वाला इलाका हवे। ई इलाका घन जंगल वाला इलाका हवे जहाँ बरखाबन (रेनफॉरेस्ट) पावल जालें। ई अपना जीव बिबिधता खातिर भी परसिद्ध हवे। एहिजे अगुंबे रेनफॉरेस्ट रिसर्च स्टेशन के अस्थापना भइल बाटे। प्रमुख रूप से एह रिसर्च केंद्र के किंग कोबरा (भारतीय गेहुअन) साँप के सैंक्चुअरी के रूप में भइल रहल जे एह इलाका के खास पहिचान हवे।

संदर्भ संपादन करीं

  1. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named AA
  2. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named HT
  3. नारायण, के. प्रकाश (18 जनवरी 2018). KNOW OUR KARNATAKA: A book for Competitive Exams (अंग्रेजी में). Pothi.com. p. 27. Retrieved 5 मार्च 2022.
  4. "वर्षों से लंबित आगुंबे घाट मार्ग के पृथक्करण का कार्य फिर शुरू | The work of separation of Agumbe Ghat road, pending for years, resumed". Patrika News (हिंदी में). 2 जुलाई 2021. Retrieved 5 मार्च 2022.