अजीत कुमार डोभाल (जनम 20 जनवरी 1945) भारत के परधानमंत्री के पाँचवाँ आ वर्तमान राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार बाड़ें। एकरे पहिले ऊ 2004-05 में भारत के अंदरूनी इंटेलिजेंस एजेंसी इंटेलिजेंस ब्यूरो के डाइरेक्टर रहलें आ ओहके पहिले लमहर समय ले एह एजेंसी के ऑपरेशन विंग के मुखिया रहलें। केरल काडर के आइपीएस के रूप में कैरियर शुरू करे वाला डोभाल बाद में मिजोरमपंजाब में इंसर्जेंसी के खिलाफ लड़ाई में सक्रिय रहलें आ 1999 में कंधार बिमान अपहरण मामिला में भारत के तीन गो प्रतिनिधि लोग में से एक रहलें जे एह मामिला में भारत के ओर से बात कइल। सिक्किम के भारत में विलय में इनहूँ के प्रमुख भूमिका बतावल जाला आ हाल में जम्मू काश्मीर के बिसेस राज्य के दर्जा समाप्त करे में भी इनके योगदान रहल बाटे।

अजीत डोभाल
IPS, KC
राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल
5वाँ राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
30 मई 2014
प्रधानमंत्रीनरेंद्र मोदी
इनसे पहिलेशिवशंकर मेनन
इंटेलिजेंस ब्यूरो के डाइरेक्टर
कार्यकाल
31 जुलाई 2004 – 31 जनवरी 2005
प्रधानमंत्रीमनमोहन सिंह
इनसे पहिलेके. पी. सिंह
इनके बादई. एस. एल. नरसिंहन
निजी जानकारी
जनम (1945-01-20) 20 जनवरी 1945 (उमिर 79)
घीड़ी बेनल्स्यूँ, पौड़ी गढ़वाल, संजुक्त प्रांत, ब्रिटिश भारत (अब उत्तराखंड राज्य)
जीवनसाथीअरुणी डोभाल (m.1972)
संतानविवेक डोभाल, शौर्य डोभाल
निवासनई दिल्ली, भारत
पढ़ाईएम. ए. (अर्थशास्त्र)
महतारी संस्थाअजमेर मिलिट्री स्कूल
आगरा यूनिवर्सिटी
नेशनल डिफेन्स कॉलेज, भारत
सम्मान कीर्ति चक्र
पुलिस मेडल
राष्ट्रपति के पुलिस मैडल

शुरुआती जिनगी आ पढ़ाई संपादन करीं

डोभाल के जनम 1945 में संजुक्त प्रांत (अब उत्तराखंड) के पौड़ी गढ़वाल जिला के घीड़ी बेनल्स्यूं गाँव में एगो गढ़वाली परिवार में भइल। इनके बाबूजी, मेजर जी. एन. डोभाल भारतीय सेना में अफसर रहलें।[1][2]

डोभाल के सुरुआती पढ़ाई अजमेर मिलिट्री स्कूल (जेकर नाँव पहिले किंग जॉर्जेस रॉयल इंडियन मिलिट्री स्कूल रहे) में भइल। आगरा युनिवर्सिटी से ई 1967 में अर्थशास्त्र में मास्टर डिग्री (एम.ए.) कइलें।[3] भारत खातिर रणनीतिक आ सुरक्षा क्षेत्र में इनके बिसेस योगदान खातिर इनके आगरा युनिवर्सिटी आ कुमाऊँ यूनिवर्सिटी द्वारा मानद डाक्टरेट के डिग्री क्रम से दिसंबर 2017 आ मई 2018 में दिहल गइल।[4][5] एमिटी यूनिवर्सिटी द्वारा इनके दर्शनशास्त्र में मानद डाक्टरेट के डिग्री दिसंबर 2018 में दिहल गइल।[6][7]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Doval laments Uttarakhand's poor pace of development, growth". Archived from the original on 24 अगस्त 2017.
  2. "Top positions in country's security establishments helmed by men from Uttarakhand - Times of India". 21 दिसंबर 2016. Archived from the original on 21 दिसंबर 2016. Retrieved 20 मार्च 2018.
  3. "Ajit Doval: The most powerful person in India after PM Modi". The Economic Times. Archived from the original on 27 अगस्त 2017. Retrieved 24 अगस्त 2017.
  4. Siraj Qureshi (December 6, 2017). "Colleges, universities have responsibilities to impart skills to students: Ajit Doval". India Today.
  5. "NSA Ajit Doval has a four-point mantra for success". www.hindustantimes.com/. 18 May 2018.
  6. "India's 'human capital' can counter China's 'rare mineral wealth': NSA Ajit Doval". www.newindianexpress.com. November 3, 2018.
  7. "Amity awards more than more than 7700 degrees and diplomas upon qualified graduands during the third day of Convocation 2018". alumni.amity.edu/. November 3, 2018. Archived from the original on July 13, 2020. Retrieved July 11, 2020.

बाहरी कड़ी संपादन करीं

सरकारी ऑफिस
पहिले
शिवशंकर मेनन
राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार
2014–present
पद पर वर्तमान
Police appointments
पहिले
के. पी. सिंह
इंटेलिजेंस ब्यूरो के डाइरेक्टर
2004–2005
बाद में
ई. एस. एल. नरसिंम्हन