अजूबा

एक किसिम के पौधा जेकर नया ओधी एकरे पतई के किनारे से उपजे लीं

अजूबा चाहे पथरचट्ट भा पथरचट्टा, कालान्चोए पिनाटा एगो गूदेदार पौधा (succulent) हवे जे मैडागास्कर के मूल पौधा हवे आ अब गरम इलाका सभ में बहुधा घरेलू पौधा के रूप में लगावल मिल जाला। ई ब्रायोफाइलम पौधा सभ में आवे ला जिनहन के पतई के किनारे से नया छोट-छोट पौधा जाम सके लें आ बाद में पुरहर पौधा बन जालें। एही कारन एकर नाँव अजूबा पडल हवे।

अजूबा के पौधा
अजूबा के एगो पौधा

ई पौधा एक मीटर तक ले के ऊँच हो सके ला। गूदेदार होला, पेरिनियल पौधा हवे जेकर गूदेदार तना होला आ एह में साल के अधिकतर समय फूल फुलाइल मिल सके लें। एकर ब्यापक इलाका ले पहुँच एकरा बागबानी के कारन हवे।