अनाड़ी
अनाड़ी साल 1993 में आइल एगो हिंदी-भाषा के फिलिम रहल। एह फिलिम के कहानी दक्खिन भारत के फिलिम प आधारित रहल आ एकरे पहिले एप्पर तमिल आ तेलुगु में फिलिम बन चुकल रहल।
अनाड़ी | |
---|---|
डाइरेक्टर | के मुरलीमोहन राव |
प्रोड्यूसर | डी रामानायडू |
कलाकार | दग्गुबती वेंकटेश, करिश्मा कपूर, राखी गुलज़ार, सुरेश ओबेरॉय, जॉनी लीवर, लक्ष्मीकांत बेर्डे, गुलशन ग्रोवर |
संगीतकार | आनंद-मिलिंद |
रिलीज के तारीख | 1993 |
देस | भारत |
भाषा | हिंदी |
एह फिलिम में मुख्य भूमिका में वेंकटेश आ करिश्मा कपूर रहल लोग।
कथा
संपादन करींखिसा जमींदारी के दुनिया मे एगो लइकी, राज नंदिनी के जनम से शुरू होला। जमींदारन के हर शब्द गाँव के लोगन लागी कानून बा। तीन भाई नंदिनी के आपन लइकी लेखा पोसलें काहे कि ऊ लोग के माइ-बाबू के मृत्यु हो गइल रहे। 5 साल के उमिर मे, एगो ज्योतिषी भविष्यवाणी करेला के नंदिनी कुल मे बहुते खुशी आनी। बाकिर ओकर बियाह ओकर पसन से होई, ना कि ओकर बड़ भाइलोग के पसन से। अईसन होखे से रोके ला, ओकरा घर के सीमा के भीतर धइल गइल। ओकर पढ़ाई घरे प कराईल गइल आ जब उ बहरा जाले, तऽ सभ मरद लोग मे नंदिनी से लुकावे के चेतावनी दे दिहल जात रहे।
राज नंदिनी (करिश्मा कपूर) युवावस्था ले पहुंच गइली। ओकर आस-पास के कुछ पुरुष, सेवा कर्मचारी आ ओकर अंगरक्षक लोग बा। एह बीचे एगो लईका सीधा-सीधा हाली बातन मे आवे वाला, रामा (वेंकटेश) गाँव मे गीत गाकर समय बितावत रहे। ऊ कबो बिद्यालय ना गइल रहे। ओकरा ओकर बिधवा माइ सावित्री (राखी गुलज़ार) पोसले रही। एक दिन अंगरक्षक रामा से लड़ाई कइल लोग आ ऊ ओकनी के मार देला। रामा के भोलपन आ युद्ध कौशल से प्रभावित, नंदिनी के भाई रामा के नंदिनी के अंगरक्षक आ बावरची के रूप मे धऽ लेल लोग। एह बीच, नंदिनी, स्वतंत्रता मे कमी से नाराज भइल चालू कर देलस। ऊ रामा के आपन भाइयन के ज्ञान के बिना गाँव घुमावे के कहलस। रामा ओकर बात मान के ओकरा गाँवे घूमावे ले गइल, जेकरा चलते नंदिनी बेमार पड़ गइल। नंदिनी के बेमार होवे ला रामा को दोसी बता के ओकर भाई लोग ओकरा मारे लागल। नंदिनी, जे अब रामा के पसन कइल चालू कर दिहले रहे, ओकरा एह बात के खराब लागल। नंदिनी के पता लागल के ओकरा रामा से प्यार हो गइल बा।
एक दिन, एगो कर्मचारी नंदिनी के भाइयन के नाया कारखाना के उद्घाटन प मारे के षड्यंत्र कइलस। रामा साज़िश के सुनि लिहलस, आ नंदिनी के बचावे के एगो हताश प्रयास मे, ओकरा सार्वजनिक रूप से छूवलस। ओकर भाई लोग खिसिया गइल। ऊ लोग ओकरा मार के मरे मरे कई दिहलस। जब रामा ओके बतवलस तऽ ओकर भाई लोग के लाज लागल। रामा नौकरी छोड़ देलस। एक रात नांदिनी रामा से मिलल आ रामा के आपन गर्दन के चारो पटी मंगलसूत्र बान्हे के कहलस जे ओकरा ओकर भाइयन से बचाई। रामा, एह प्रक्रिया के पवित्रता के बे जाने, जईसन कहल गइल कई दिहलस। ऊ इ ना जानत रहे जे अब ऊ बियाहल बा। ऊ काम प लौट जाता आ नंदिनी के जिनगी बचावे ला भाइ लोग ओकर सम्मान कइलस। नंदिनी आपन मरद के देख भाल करे मे आपन भउजाई लोग के नकल कइल चालू कई दिहलस। नंदिनी के पता लागल जे ओकर भाई ओकर बियाह करावे के सोचत बा लोग। ऊ रामा के बतवलस की ओकर बियाह हो गइल बा। राम बुझे से मना कर देलस आ आपन माइ लगे चलि गइल। भाइयन के पता लागल त उ लोग रामा के माई के अपमानित करे के प्रयास कइलस जेसे उ बतावस कि ओकर बेटा केने लुकाइल बा। ओकर बेटा ओहिजा आ के आपन माई के बचवलस आ ऊ लोग के मुआ दिहलस। रामा आपन मेहरारू के बचावे ला दउगल आ गाना गा के ओकरा फेर से जिया दिहलस।
मुख्य कलाकार
संपादन करीं- दग्गुबती वेंकटेश, रामा
- करिश्मा कपूर, राज नंदिनी
- राखी गुलज़ार, सावित्री (रामा की माँ)
- सुरेश ओबेरॉय, राजा विक्रम सिंह
- जॉनी लीवर, बबलू
- लक्ष्मीकांत बेर्डे, रघु
- गुलशन ग्रोवर, विनय सिंह
संगीत
संपादन करींसंगीत आनंद-मिलिंद द्वारा दिया गया है और बोल समीर के हैं।
नं. | गाना के बोल | गायक | समय |
---|---|---|---|
1. | "फूलों सा चेहर तेरा" | उदित नारायण | 6:49 |
2. | "क्या मौसम आया है" | उदित नारायण, साधना सरगम | 6:21 |
3. | "बम अकर बम के" | उदित नारायण | 5:14 |
4. | "छोटा सी प्यारी सी" (I) | उदित नारायण | 4:35 |
5. | "जाने जा" (I) | साधना सरगम | 5:03 |
6. | "रोना चाहे रो ना पाए" | उदित नारायण | 5:34 |
7. | "छोटा सी प्यारी सी" (II) | अलका याज्ञिक | 4:43 |
8. | "जाने जा" (II) | उदित नारायण | 4:56 |
9. | "प्यार में दिल दे दीया" | कुमार सानु, अलका याज्ञिक | 5:49 |
कुल समय: | 49:04 |
संदर्भ
संपादन करींबाहरी कड़ी
संपादन करीं- अनाड़ी - इंटरनेट मूवी डेटाबेस पर।