अनेकांतवाद प्राचीन भारत में उपजल मेटाफिजिकल (पराभौतिक/आध्यात्मिक) सच्चाई सभ के बारे में जैन लोगन के सिद्धांत हवे। एह में कहल गइल बा कि अंतिम सच्चाई आ वास्तविकता बहुते जटिल होला आ एकर कई गो पहलू होखे लें।

जैन धर्म के कहनाम ई हवे कि कवनो एक ठो, विशिष्ट कथन अस्तित्व के प्रकृति आ निरपेक्ष सत्य के बर्णन ना कइ सके ला। ई ज्ञान (केवल ज्ञान), इहो कहल गइल बा कि, खाली भर अरिहंत लोग के समझ में आवे ला। औरु दूसर जीव आ निरपेक्ष सच्चाई के बारे में इनहन के बयान अधूरा होला, आ सभसे नीक तरीका से बतलावल जाय त ई आंशिक सच्चाई होला। अनेकांतवाद के सिद्धांत के हिसाब से, सगरी ज्ञान के दावा सभ के कई तरीका से योग्य होखे के चाहीं, जवना में पुष्टि कइल आ नकारल दुन्नो सामिल बा। अनेकांतवाद जैन धर्म के एगो आधारभूत सिद्धांत हवे।