अमरनाथ गुफा मंदिर भारत के जम्मू अउरी कश्मीर में हिंदू लोग खातिर पबित्र धाम हवे। अहिजा एगो गुफा में प्राकृतिक रूप से बरफ के शिवलिंग के निर्माण होला। हर साल इहाँ हिंदू तीर्थ यात्री लोग भारी संख्या में आवे ला जेकरा अमरनाथ यात्रा कहल जाला। जवना गुफा में ई मंदिर बा ऊ समुंद्र तल से लगभग 3,888 मीटर के ऊँचाई पर, श्रीनगर से करीबन 141 किलोमीटर[1] के दूरी पर बा, जहाँ पहलगाम कस्बा से हो के जाइल जाला। हिंदू धर्म माने वाला लोग खातिर एह तीर्थ के बहुत महत्व हवे।[2] गुफा के आसपास बरफ से तोपाइल पहाड़ बाने। गुफा खुदे साल के ज्यादातर समय बरफ से तोपाइल रहे ले, कुछ दिन खातिर गरमी के सीजन में तीर्थ यात्री लोग खातिर खुले ले।

अमरनाथ गुफा मंदिर
अमरनाथ गुफा मंदिर
अमरनाथ गुफा मंदिर
नाँव
पूरा नाँव अमरनाथ गुफा मंदिर
भूगोल
भूगोलीय स्थिति 34°12′54″N 75°30′03″E / 34.2149°N 75.5008°E / 34.2149; 75.5008निर्देशांक: 34°12′54″N 75°30′03″E / 34.2149°N 75.5008°E / 34.2149; 75.5008
देश भारत
State जम्मू अउरी कश्मीर
लोकेशन पहलगाम, अनंतनाग
संस्कृति
मुख्य देव शिव
इतिहास आ प्रशासन
रचनाकार प्राकृतिक
वेबसाइट www.shriamarnathjishrine.com

इहो देखल जायसंपादन

संदर्भसंपादन

  1. "New shrine on Amarnath route". The Hindu. Chennai, India. 30 May 2005.
  2. "The pilgrimage to Amarnath". BBC News. 6 अगस्त 2002. Retrieved 5 May 2012.