अमेरिका के संबिधान

संयुक्त राज्य अमरीका के सर्वोच्च कानून

अमेरिका के संबिधान (अंग्रेजी: Constitution of the United States) अमेरिका के सबसे ऊँच कानून हवे। बस सात गो अनुच्छेद वाला ई संबिधान एगो आधारभूत डाकुमेंट हवे आ अमेरिका देस के सरकार के राष्ट्रीय संरचना आ स्वरुप के तय करे ला। ई दुनिया के सभसे पुरान लिखित संबिधान मानल जाला जे अभिन ले लागू होखे; मने की ई दुनियाँ के पहिला लिखित संबिधान हवे।