अल नासला चट्टान (Al Naslaa rock formation) सऊदी अरब में तायमा नखलिस्तान के लगभग 50 किमी दक्खिन में एगो चट्टान बाटे। ई चट्टान बीचोबीच से दू हिस्सा में बँटल बाटे आ दुनों हिस्सा अपना-अपना पातर आधार पर टिकल बाड़ें।[1] ई दू टुकड़ा में बँटा जाए के घटना कवना कारन से भइल ई मालुम नईखे बाकी ई अनुमान लगावल जाला कि एकर प्राकृतिक कारन हवा से उड़े वाला बालू के परभाव आ कभी-कभार होखे वाली बरखा हो सके ला।[2]

एगो चट्टान जे बीच से दू हिस्सा में फाटल बाटे
अल नासला चट्टान

ई चट्टान करीबन 6 मीटर ऊँच आ 9 चाकर बाटे, आ साथे-साथ एकरे दक्खिनी-पुरबी सतह पर किसिम किसिम के चित्रकारी कइल गइल बा; अइसन चित्र सभ के पेट्रोग्लिफ़ कहल जाला जे चट्टान चाहे पाथर के सतह के काट के, रगर के, चाहे खरकोंच के बनावल जालें।[3]

संदर्भ संपादन करीं

  1. Ilya (2014-09-07). "Al Naslaa Rock Formation". Unusual Places (अमेरिकी अंग्रेजी में). Retrieved 2021-09-18.
  2. Tamara, Abueish (2020-02-24). "Laser or erosion? Find out what caused the perfect split in Saudi Arabia's Al Naslaa rock". Al Arabiya English (अंग्रेजी में). Retrieved 2021-09-18.
  3. "Al Naslaa, Tayma - Arabian Rock Art Heritage". saudi-archaeology.com (अमेरिकी अंग्रेजी में). Layan Cultural Foundation Project. Retrieved 2021-09-18.

निर्देशांक: 27°13′46″N 38°34′18″E / 27.22945°N 38.57158°E / 27.22945; 38.57158