आईसीसी मरद टी-20 बिश्वकप (जे पहिले आईसीसी बिश्व ट्वेंटी-20 कहात रहे) ट्वेंटी-20 क्रिकेट के एगो अंतराष्ट्रीय प्रतिजोगिता हऽ। क्रिकेट के संचालित करे वाला संस्था, अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) एकरा करवावेला। अबहिन एकरा मे सोरह गो दल भाग लेवेला, जेह मे दस गो दल के, एगो बतावल तारीख ले अंतर्राष्ट्रीय ट्वेंटी-20 रैंकिंग मे पहिलका दस गो दल के चुनल जाला, आ बाँचल छव गो दल आईसीसी ट्वेंटी-20 बिश्वकप क्वालीफायर से चुनालन सन।

आईसीसी मरद टी-20 बिश्वकप
AdministratorInternational Cricket Council (ICC)
FormatTwenty20 International
First edition2007
Latest edition2021
Next edition2022
Tournament formatPreliminary round
Super 12
Play-offs
Number of teams16
20 (2024 onwards)[1]
Current champion वेस्ट इंडीज (2nd title)
Most successful वेस्ट इंडीज (2 titles)
Most runsश्री लंका Mahela Jayawardene (1016)[2]
Most wicketsबांग्लादेश Shakib Al Hasan (41)[3]
Websitet20worldcup.com

अइसे तऽ एकर हर दू बरिस पऽ करावल जाला बाकिर, 2020 के बिश्वकप; जवन की ऑस्ट्रेलिया मे होखे के रहे; के कोरोना महमारी के चलते 2021 मे करावल गइल, आ मेजबानी ऑस्ट्रेलिया से ले के भारत के दे दिहल गइल। बाकिर भारत में कोविड-19 महामारी इहतिथी के देखि के, मैच सभ के यूएई आ ओमान मे करावल गइल। मई 2016 मे, आईसीसी 2018 के बिश्वकप करावे पऽ बिचार कऽ लिहले रहे जेकर मेजबानी दक्खिन अफ्रिका के मिल सकत रहे बाकिर 2017 आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी खतम होला के बाद, 2018 मे प्रतिजोगिता करावे के बिचार छोड़ दिहलस।

अबहिन ले सात बेर ई प्रतिजोगिता भइल बा, पिछलका बिजेता ऑस्ट्रेलिया हऽ। वेस्ट इंडीज अकेल अइसन दल हऽ जे एह प्रतिजोगिता के दु बेर जीतल बाटे। पहिलका प्रतिजोगिता, 2007 बिश्व ट्वेंटी-20, दक्खीन अफरिका मे भइल रहे आ, ओकरा भारत जीतल रहे, जे अंतिम मैच मे पाकिस्तान के जोहान्सबर्ग के वांडरर्स स्टेडियम मे हरइले रहे। 2009 के प्रतिजोगिता इंग्लैंड मे भइल आ एकरा पाकिस्तान जीतल, जे अंतिम मैच मे श्रीलंका के लॉर्ड्स पऽ हरइले रहे। तिसरका प्रतिजोगिता 2010 मे भइल रहे, जेकर अंतिम मैच बारबाडोस मे भइल आ इंग्लैंड ऑस्ट्रेलिया के हरइलस आ पहिलका बेरा बिजता भइल। चउथका प्रतिजोगिता 2012 मे भइल आ पहिला बेरा ई प्रतिजोगिता एशिया मे भइल रहे जेकर सभ मैच श्रीलंका मे भइल। एह मे श्रीलंका के अंतिम मैच मे हरा के वेस्ट इंडीज बिजेता बनल आ 2004 के चैंपियंस ट्रॉफी के बादि आपन पहिलका आईसीसी प्रतिजोगिता जीतल। पंचवा बेरा ई बांग्लादेश मे भइल आ अंतिम मैच मे श्रीलंका भारत के हरइलस आ तीन गो फाइनल खेले वला पहिलका दल बनल। 2016 मे छउआ बर एकरा वेस्ट इंडीज जीतल रहे। अबहिन एकर बिजेता आस्ट्रेलिया हऽ, जे 2021 मे अंतिम मैच मे न्यूजीलैंड के हरा के पहिलका बेरा बिजेता बनल।

इतिहास संपादन करीं

पृष्ठभूमि संपादन करीं

जब 2002 मे बेसन अउरी हेजेज़ कप बन हो गइल, इंग्लैंड अउरी वेल्स क्रिकेट बोर्ड के ओकरा संती दोसर प्रतिजोगिता के गरज पड़ल। क्रिकेट आयोग सभ खेल के परसिद्धी बढ़ावे मे लागल रहन सन। दर्शक लोग के कम समय मे ओराए वला खेल देखावे के परयास रहे एह से की देरी ले चले वला खेल से लोग के मान उठ जात रहे। इंग्लैंड अउरी वेल्स क्रिकेट बोर्ड के मार्केटिंग चेयरमैन, स्टुअर्ट रॉबर्टसन, 2001 मे 20-20 ओभर के खेल के प्रस्ताव रखलन आ नाया प्रारूप के अपनावे बदे 11 भोट पड़ल आ ओकरे खिलाफ 7 भोट।[4]

घरेलु प्रतिजोगिता
 
बांग्लादेश आ दक्खिन अफ्रीका के मैच

पहिलका अधिकारिक बीस-बीस ओभर के खेल सभ के 13 जून 2003 के ट्वेंटी-20 ब्लास्ट मे अंग्रेजी काउंटी दल सभ के बीचे खेलल गइल रहे। ट्वेंटी-20 के पहिलका सीजन सफल रहल, जेकर अंतिम मैच मे सरे लायंस वारविकशायर बीयर्स के 9 बिकेट के हरइलख। 15 जुलाई 2004 के लॉर्ड्स पऽ भइल मिडलसेक्स आ सरे के मैच के 27509 लोग देखे आइल, जवन की 1953 के बाद से कवनो काउंटी मैच के देखे आइल लोगन मे से सभ से बेसी रहे।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "ICC announces expansion of global events". ICC. Retrieved 2 June 2021.
  2. Records – ICC World Twenty20 – Most Runs Archived 1 जनवरी 2016 at the Wayback Machine Cricinfo
  3. Records – ICC World Twenty20 – Most Wickets in a career Archived 1 जनवरी 2016 at the Wayback Machine Cricinfo
  4. "The roots of Twenty20". BBC Sport. Retrieved 7 August 2020.