आजाद काश्मीर

पाक प्रशासित काश्मीर के हिस्सा

आजाद जम्मू ओ काश्मीर भा आजाद काश्मीर, नाममात्र खाती खुदशासित राजनीतिक इकाई ह आ पाकिस्तान द्वारा प्रशासित होला। ई क्षेत्र भारत के अधिकार वाला जम्मू काश्मीर राज्य के पच्छिम में पड़े ला आ पहिले के समय में जम्मू काश्मीर राजघराना के राज में शामिल रहल।

आजाद कश्मीर
प्रशासनिक इकाई
Flag of आजाद कश्मीर
लाल रंग में आजाद कश्मीर
लाल रंग में आजाद कश्मीर
Coordinates: 33°50′36″N 73°51′05″E / 33.84333°N 73.85139°E / 33.84333; 73.85139निर्देशांक: 33°50′36″N 73°51′05″E / 33.84333°N 73.85139°E / 33.84333; 73.85139
देस पाकिस्तान
स्थापना24 अक्टूबर 1947 (आजाद काश्मीर दिवस (یوم تاسیس‎))
राजधानीमुजफ्फराबाद
सभसे बड़ सहरन्यू मीरपुर सिटी
Government
 • Typeखुद-शासित,[1][2][3] पाकिस्तान प्रशासित[4]
Area
 • Total13,297 किमी2 (5,134 बर्ग मील)
Population
 (2017)
 • Total4.45 मिलियन
Time zoneUTC+5 (पाकिस्तान समय)
ISO 3166 codePK-JK
प्रमुख भाषा
असेंबली सीट49
जिला10
कस्बा19
युनियन कौंसिल182
Websitewww.ajk.gov.pk

आजाद काश्मीर, बड़हन इकाई काश्मीर के हिस्सा भर हवे जे पर लंबा समय से भारत आ पाकिस्तान के बीचा में बिबाद चल रहल बा। एह राज्यक्षेत्र के सीमा उत्तर में पाकिस्तान के आधिकार वाला गिलगित-बल्तिस्तान से सटे ला आ एह दुनों क्षेत्र के मिला के यूनाइटेड नेशंस "पाक-प्रशासित काश्मीर" के नाँव से बोलावे ला जबकि भारत एकरा के "पाक-आधिकृत काश्मीर" (पीओके) के नाँव देला। आजाद कश्मीर साइज के हिसाब से गिलगित-बल्तिस्तान के मात्र छठवाँ हिस्सा के बरोबर बा। आजाद कश्मीर के पच्छिम में पाकिस्तान के खैबर-पख्तूनख्वाँ राज्य बा आ एकरे दक्खिन में पाकिस्तान के पंजाब प्रांत बाटे। आजाद काश्मीर के पूरुब में भारत के जम्मू अउरी काश्मीर राज्य भा आ इनाहन के बीचा के सीमा लाइन ऑफ कंट्रोल (एलओसी) हवे। आजाद काश्मीर के कुल रकबा 13,297 वर्गकिलोमीटर बा आ 2017 के जनगणना अनुसार कुल जनसंख्या 40,45,366 बाटे।

प्रशासनिक बिभाजन संपादन करीं

ई इलाका प्रशासन के हिसाब से तीन गो डिवीजन में बाँटल गइल बा, ओकरे बाद कुल दस गो जिला सभ में बिभाजन कइल गइल बा:[5]

डिवीजन जिला जिला के रकबा (किमी²) जनसंख्या (2017 जनगणना) जिला के मुख्यालय
मीरपुर|1,010 456,200 न्यू मीरपुर सिटी
कोटली|1,862 774,194 कोटली
भिंबेर|1,516|420,624 भिंबेर
मुजफ्फराबाद |1,642 मुजफ्फराबाद
झेलम घाटी|854 230,529 झेलम घाटी
नीलम घाटी|3,621|191,251 आठमुकाम
पुंछ|855|500,571 रावलाकोट
हवेली|600|152,124 फारवर्ड कहुटा
बाग़|768|371,919 बाग़
सुधनोती|569|297,584 पलान्द्री
कुल 10 जिला 13,297 4,045,366 मुजफ्फराबाद

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Richard M. Bird; François Vaillancourt (दिसंबर 4, 2008). Fiscal Decentralization in Developing Countries. Cambridge University Press. pp. 127–. ISBN 978-0-521-10158-5.
  2. Bose, Sumantra (2009), Contested Lands, Harvard University Press, p. 193, ISBN 978-0-674-02856-2, Azad Kashmir – "Free Kashmir," the more populated and nominally self-governing part of Pakistani-controlled Kashmir
  3. "Territorial limits". Herald. मई 7, 2015. Archived from the original on जुलाई 24, 2015. Retrieved जुलाई 24, 2015. These are self-ruled autonomous regions. But restrictions apply.
  4. "Kashmir profile". BBC. नवंबर 26, 2014. Archived from the original on जुलाई 24, 2015. Retrieved जुलाई 24, 2015.
  5. "Administrative Setup". ajk.gov.pk. Archived from the original on April 9, 2010. Retrieved May 17, 2010. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)

बाहरो कड़ी संपादन करीं