आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस, ब्यापक अरथ में देखल जाय, त मशीन, बिसेस रूप से कंप्यूटर द्वारा देखावल जाये वाली बुद्धिमानी बाटे। आज्काल्ह लगभग हर फ़ील्ड में एआइ क इस्तमाल होखे लागल बा। कई सारा वेब सर्च इंजन, बिबिध किसिम के सॉफ्टवेयर आ अउरी कई क्षेत्र में एआइ क इस्तेमाल हो रहल बाटे। चैट जीपीटी जेनेरेटिव एआइ क उधाहरण बाटे। कलाकृति बनावे वाला एआइ के क्रिएटिव एआइ के नाँव से जानल जा रहल बा जे बिबिध किसिम के चित्र आ फोटो बनावे में सक्षम बा।