इंटरनेशनल हवाईअड्डा (अंग्रेजी: international airport, इंटरनेशनल एयरपोर्ट; हिंदी: अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा) अइसन हवाईअड्डा होला जहाँ कस्टमबॉर्डर कंट्रोल के सुबिधा मौजूद होखे ले जवना से कि यात्री लोग दू देसन के बीचा के यात्रा क सके। कौनों भी इंटरनेशनल हवाईअड्डा साधारण तौर पर घरेलू हवाईअड्डा सभ से साइज में बड़हन होला आ लमहर रवने आ भारी बिमान, जइसे कि बोइंग 747 (जंबो जेट) नियर बिमानन, के उतरे के सुबिधा मौजूद होखे के चाहीं जिनहन के इस्तेमाल अंतर्राष्ट्रीय आ एक महादेस से दुसरे महादेस के जात्रा करे में होखे ला। इंटरनेशनल एयरपोर्ट सभ पर घरेलू फ्लाईट सभ भी उतर सके लीं आ अइसन दसा में अक्सरहा इनहन के इस्तेमाल इंटरनेशनल फ़्लाइट खातिर यात्री आ माल पहुँचावल (आ एकरे उल्टा भी, मने कि इंटरनेशनल बिमान से उतरल यात्री लोग के घरेलू फ़्लाइट पकड़ावे के काम) हो सके ला।

सैन फ्रांसिस्को इंटरनेशनल हवाईअड्डा, रात के समय, 2005 के फोटो

इहो देखल जाय संपादन करीं