इन्फीरियर आ सुपीरियर ग्रह

पृथ्वी के ऑर्बिट के संदर्भ में दुसरे ग्रह सभ के ऑर्बिट अनुसार सौर मंडल के ग्रहन के बर्गीकरण

सौर मंडल में कौनों ग्रह के दुसरे ग्रह के संदर्भ में इन्फीरियर (inferior) भा इंटीरियर (interior) ग्रह कहल जाला जब ओह ग्रह के कक्षा (ऑर्बिट, सुरुज के चारो ओर चक्कर लगावे वाला रस्ता) पूरा तरीका से दुसरका ग्रह के कक्षा के भीतर होखे। अगर पृथ्वी के संदर्भ मानल जाय तब हमनी के सौर मंडल में दू गो ग्रह बुधशुक्र पृथ्वी के संदर्भ में इन्फीरियर ग्रह हवें काहें से कि इनहन के ऑर्बिट पूरा तरीका से पृथ्वी के ऑर्बिट से छोट हवे आ एकरे भीतर आवे ले। एह तरीका से सुरुज के चक्कर लगावे में पृथ्वी इनहन दुनों से सुपीरियर (superior) ग्रह हवे। एही तरीका से पृथ्वी के सुरुज के चारों ओर चक्कर लगावे वाली कक्षा जिनहन के कक्षा से छोट बाटे ऊ सगरी पिंड पृथ्वी से सुपीरियर कहल जालें। मंगल, बृहस्पति, शनि, यूरेनसनेपच्यून पृथ्वी के संदर्भ में सुपीरियर ग्रह हवें। बौना ग्रह जइसे कि सेरेस आ प्लूटो आ लगभग सगरी एस्टेरॉइड सभ एह अरथ में सुपीरियर कहल जालें काहें कि इनहनों के ऑर्बिट पृथ्वी के ऑर्बिट से बड़हन बाटे आ एकरा बहरें पड़े लीं।

सौर मंडल के ग्रह सभ के क्रम देखावत चित्र
सौर मंडल के ग्रह (ख़ाली क्रम आ आकार सही पैमाना पर, दूरी पैमाना अनुसार ना देखावल गइल बाटे)।

कटेगरी संपादन करीं

जब पृथ्वी के संदर्भ मानल जाला:

  • इन्फीरियर ग्रह: बुध, आ शुक्र
  • सुपीरियर ग्रह: मंगल, बृहस्पति, शनि, यूरेनस आ नेपच्यून