उत्तर भारत

𑂇𑂞𑂹𑂞𑂩𑂲 𑂦𑂰𑂩𑂞 𑂍𑂵 𑂩𑂰𑂔𑂹𑂨 𑂮𑂦
(उत्तरी भारत से अनुप्रेषित)

परंपरागत बिभाजन अनुसार भारत के दू हिस्सा में बाँटल जाला - उत्तर भारत या उत्तरी भारत आ दुसरका दक्खिन भारत। हालाँकि, एकर कौनों सटीक परिभाषा नइखे आ अलग-अलग दसा में एकर कुछ अलग अर्थ भी हो सकत बा। पुराना समय में बिंध्याचल परबत के उत्तरी आ दक्खिनी भारत के बीचे के सीमा मानल जाय[1] आ एकरे दक्खिन के इलाका के दक्षिणापथ कहल जाय।[2][3] बाद में तीन गो हिस्सा में ई बिभाजन हो गइल - हिंदुस्तान (हिमालय आ नर्मदा-बिंध्याचल के बीच), दक्कन (नर्मदा-बिंध्य से तुंगभद्रा-कृष्णा के बीच) आ दक्षिण भारत।[2] कुछ दसा में बंगाल (आ बिहार के भी) उत्तर भारत में ना गिनल जाला। एह प्रकार से सभसे ढेर बिस्तार वाला रूप में उत्तर भारत में राजस्थान, पंजाब, हरियाणा, जम्मू काश्मीर, हिमाचल प्रदेश, उत्तराखंड, आ उत्तर प्रदेश के शामिल कइल जाला। सभसे संकुचित अर्थ में उत्तर भारत में जम्मू काश्मीर, हिमाचल, पंजाब आ हरियाणा के शामिल कइल जाला।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Sarina Singh (2007). South India. Lonely Planet. pp. 86–. ISBN 978-1-74104-704-2.
  2. 2.0 2.1 S. Krishnaswami Aiyangar (1994). Evolution of Hindu Administrative Institutions in South India. Asian Educational Services. pp. 3–. ISBN 978-81-206-0966-2.
  3. Kallidaikurichi Aiyah Nilakanta Sastri (1976), A history of South India from prehistoric times to the fall of Vijayanagar, Oxford University Press, ... The Vindhya range was the recognised southern limit of the Aryan land. Manu states distinctly that the country between the Himalayas and the Vindhyas and between the eastern and western oceans comprised Aryavarta, the abode of the Aryas ...