उत्तर प्रदेश सरकार भारत के राज्य उत्तर प्रदेश के लोकतांत्रिक तरीका से चुनल राज्य सरकार ह। ए सरकार में राज्यपाल भारत के राष्ट्रपति द्वारा नियुक्त राज्य के संवैधानिक प्रमुख होखे लें।[2] उत्तर प्रदेश के राज्यपाल के नियुक्ति पाँच साल के कार्यकाल खातिर होला आ मुख्यमंत्री आ मंत्री परिषद के नियुक्ति करेला, जेकरा के राज्य के विधायी अधिकार के साथे-साथे कार्यकारी अधिकार भी दिहल जाला। राज्यपाल विधिवत राज्य प्रमुख बनल रहेलें जबकि मुख्यमंत्री आ उनकर परिषद के जिम्मेदारी रोजमर्रा के सरकारी कामकाज के होखे ला।

उत्तर प्रदेश सरकार
Seat of GovernmentLucknow
Websiteup.gov.in
Legislative branch
Assembly
SpeakerSatish Mahana
Members in Assembly403
CouncilUttar Pradesh Legislative Council
ChairmanKunwar Manvendra Singh (भाजपा)
Members in Council100
Executive branch
GovernorAnandiben Patel[1]
Chief MinisterYogi Adityanath (भाजपा)
Deputy Chief MinisterKeshav Prasad Maurya,(भाजपा)
Brajesh Pathak (भाजपा)
Chief SecretaryDurga Shanker Mishra, IAS
Judiciary
High CourtAllahabad High Court
Chief JusticeJustice Rajesh Bindal

वर्तमान समय में उत्तर प्रदेश के राज्यपाल आनंदीबेन पटेल बाड़ीं। मुख्यमन्त्री योगी आदित्यनाथ बाड़ें।

विधानमंडल संपादन करीं

उत्तर प्रदेश भारत के 6 गो राज्यन में से एगो हवे जहाँ द्विसदीय विधायिका बा-माने कि दू गो सदन बा, विधान सभा आ विधान परिषद। उत्तर प्रदेश विधान सभा में 403 (एक नामित एंग्लो-इंडियन सदस्य, जवना के 104वां संवैधानिक संशोधन से खतम कर दिहल गइल बा) बाने आ उत्तर प्रदेश विधान परिषद के भीतर 100 गो सीट बा।

न्यायपालिका संपादन करीं

राज्य के हाईकोर्ट इलाहाबाद में बा, लेकिन लखनऊ में एकर बेंच भी बा। राज्य के हर जिला में जिला अदालत बाड़ी सऽ, आ हर जिला अदालत के अध्यक्ष एगो जिला जज करे लें।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "The Governor of Uttar Pradesh". uplegisassembly.gov.in. Uttar Pradesh Legislative Assembly. Archived from the original on 3 May 2017. Retrieved 12 April 2017.
  2. "Role of The Governor". upgovernor.gov.in. Raj Bhavan Uttar Pradesh. Archived from the original on 7 April 2017. Retrieved 17 March 2017.