उदित नारायण पोस्ट ग्रेजुएट कालेज

उदित नारायण स्नातकोत्तर महाविद्यालय कुशीनगर जिला के पड़रौना शहर में शिक्षा के एगो प्रमुख केन्द्र बा।[1] ई पड़रौना शहर के पूरबी हिस्सा में, स्टेशन रोड पर स्थित बा आ एकरे ठीक बगल में एही नाँव के इंटर कालेज भी बा। कॉलेज में कला आ बिज्ञान बर्ग में बीए/बीएससी के पढाई होखे ले आ कुछ बिसय सभ में पोस्ट ग्रेजुएट के पढाई भी होला।

उदित नारायण स्नातकोत्तर महाविद्यालय
बिल्डिंग
डिग्री कालेज के बिल्डिंग, पाछे टेलीफोन बिभाग के वायरलेस टावर देखात बा
मोटोउदितो हि विश्व भूमेव पुष्यति
स्थापना1962 (1962)
महतारी संस्था
उदित नारायण क्षत्रिय स्कूल सोसाइटी
एकेडेमिक संबद्धता
गोरखपुर विश्वविद्यालय
लोकेशनपड़रौना, उत्तर प्रदेश, भारत
भाषाहिंदी
वेबसाइटwww.unpgcollege.com

ई कॉलेज गोरखपुर विश्वविद्यालय से संबद्ध बा आ साल 2011 में यूजीसी के नैक मूल्यांकन में एकरा के B+ के दर्जा दिहल गइल रहे।[2]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Official Website of Higher Education Department, Government of Uttar Pradesh / List of Colleges in Kushinagar District". Uphed.gov.in. 2017-11-17. Archived from the original on 2018-04-18. Retrieved 2018-03-20.
  2. "UNPGC - Udit Narayan Post Graduate College - समीक्षाएं, छात्र, संपर्क". University.youth4work.com. Retrieved 2018-03-20.