उष्णकटिबंधी बरखाबन जलवायु (अंग्रेजी: tropical rainforest climate) चाहे भूमध्यरेखीय जलवायु (अंग्रेजी: equatorial climate) एक किसिम के उष्णकटिबंधी जलवायु हवे जे आमतौर पर भूमध्यरेखा के 10 से 15 डिग्री उत्तर आ दक्खिन ले मिले ले। एह जलवायु के बिसेसता भारी बरखा, तापमान में कम बदलाव आ पूरा साल भर बरखा होखल महत्व के लच्छन बाने। कोपेन के जलवायु बर्गीकरण में एह तरह के जलवायु के Af प्रकार के जलवायु बतावल गइल हवे। ई जलवायु टिपिकल रूप में गरम, बहुत नम आ बरखा वाली होखे ले।
Worldwide zones of Tropical rainforest climate (Af).