ऊसर भारत के मैदानी हिस्सा में पावल जाए वाली, कम उपजाऊ भा एकदम से बिना उपज वाली जमीन होला आ आमतौर पर एह में सोडियम लवण वाली खारी माटी पावल जाले। अइसन माटी के रेह भा कल्लर कहल जाला। गंगा के मैदान में बीच बीच में अइसन जमीन के टुकड़ा मिले लें जहाँ खेतीबारी एकदम्मे ना संभव होले भा बहुत कम होले।