एंड्रोमिडा गैलेक्सी (Andromeda Galaxy) अंतरिक्ष में मौजूद एगो कुंडलीदार गैलेक्सी हवे, जेकरा के मेसियर 31 (Messier 31) , एम 31, या एनजीसी 224 भी कहल जाला, आ ई पृथ्वी से लगभग 780 किलोपारसेक (25 लाख प्रकाशबरिस) के दूरी पर बा आ हमनी के गैलेक्सी आकाशगंगा भा मंदाकिनी (मिल्की वे) से सभसे नजदीकी प्रमुख गैलेक्सी हवे। आकास में ई गैलेक्सी एंड्रोमिडा तारामंडल के लगे (पाछे) देखाई पड़े ले।

गैलेक्सी के फोटो
एंड्रोमिडा गैलेक्सी के फोटो

एकर नाँव यूनानी कथा सभ में बर्णित एंड्रोमिडा के नाँव पर रखल गइल हवे। भारतीय नाँव देवयानी नीहारिका हवे आ ई नाँव शुक्राचार्य के बेटी देवयानी के नाँव पर रखल गइल हवे।