एंबुलेंस
एंबुलेंस चाहे एम्बुलेंस (अंग्रेजी: Ambulance) अइसन आवाजाही के साधन हवे जेह में कुछ मेडिकल सुबिधा होला आ जे मरीज चाहे घाही ब्यक्ति के अस्पताल ले जाए, एक अस्पताल से दुसरे अस्पताल ट्रांसफर करे, या फिर अंगदान करे वाला लोगन के अंग जल्दी से सुरक्षित उहाँ ले पहुँचावे जहाँ ऊ अंग केहू दुसरे के शरीर में लगावल जाई, नियर कामे आवे ला। आम गाड़ी-बाहन से ई अलगा एह मामिला में होला कि एह में कुछ मिनिमम जरूरी मेडिकल बेवस्था होला जवना से कि रस्ता में मरीज के सम्हारल जा सके। ई सइकिल से ले के हवाईजहाज ले, कवनो साइज के हो सके ला।
आमतौर पर वैन सभ के इस्तेमाल एंबुलेंस के रूप में होला जे कार से कुछ बड़हन होखे लीं। कई सारा मरीजन के एक्के साथे ट्रांसफर करे खाती बस-एंबुलेंस भी कुछ देसन में कामे आवे ली। हेलीकाप्टर आ हवाई जहाज (एयर एंबुलेंस) सभ के भी चलन बा। समुंद्र के तीरे वाला इलाका सभ में समुंद्री दुर्घटना के समय घाही लोग के किनारे ले पहुँचावे खातिर स्टीमर आ मोटर बोट एंबुलेंस सभ के भी इस्तेमाल होखे ला।
एंबुलेंस शब्द अंग्रेजी भाषा के हवे जे ख़ुद लैटिन भाषा से एंबुलारे से निकलल हवे, जेकर मतलब होला "चलल फिरल चाहे आवाजाही कइल"। एक तरह से ई छोट-मोट अस्पताल होला जे आवाजाही क सके ला - मोबाइल अस्पताल के काम क सके ला।
ई गाड़ी-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई मेडिकल-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |