एकनाथ संभाजी शिंदे (जनम 9 फरवरी 1964) एगो भारतीय राजनीतिज्ञ बाड़ें जे वर्तमान में महाराष्ट्र के 20वाँ मुख्यमंत्री के रूप में काम करे लें । एकरे पहिले ऊ महाराष्ट्र सरकार में शहरी बिकास आ लोक निर्माण (सार्वजनिक उपक्रम) के कैबिनेट मंत्री रहलें[4][5][6][7]। ऊ महाराष्ट्र के ठाणे के कोपरी-पचपाखाडी विधानसभा क्षेत्र से विधान सभा के सदस्य बाड़ें । ऊ 2004, 2009, 2014 आ 2019 में लगातार 4 बेर महाराष्ट्र बिधान सभा खातिर चुनल गइलें।