पानी बहा के ले जाए वाला सिस्टम के बीच में बनल पुल के एक्वाडक्ट भा जल सेतु कहल जाला आ ई नहर या अइसने कौनों पानी ले जाए वाला चीज के रास्ता में गहिरा खाई या नदी घाटी के पार करे बदे बनावल जाला।[1] आधुनिक समय में अइसन एक्वाडक्ट भी बाड़ें जेह में नाइ आ इस्टीमर ले चल सकत बा। शब्द के उत्पत्ती लातीन aqua ("पानी") आ ducere ("पहुँचाव।") से भइल बा।[2] आधुनिक जमाना के एक्वाडक्ट पाइपलाइन पुल के रूप में बाड़ें।

पोंट डु गार्ड, फ़्रांस, एगो प्राचीन रोमन पुल जवन 40-60 C.E. में बनावल गइल रहल, फ़्रांस के एगो मशहूर पर्यटन जगह आ बिस्व धरोहर स्थल बाटे।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "aqueduct", Britannica CD 2000
  2. "aqueduct", Britannica CD 2000