एटलस परबत
एटलस परबत उत्तरी-पच्छिमी अफिरका के अल्जीरिया, मोरक्को आ ट्यूनीशिया देसवन में फइलल एगो परबत श्रेणी बाटे। ई परबत उत्तरी-पच्छिमी अफिरका के समुंद्र तटीय हिस्सा, जवन अटलांटिक महासागर आ भूमध्य सागर के किनारे बा, ओकरा के सहारा के रेगिस्तान से बिलगावे ला।
एटलस परबत | |
---|---|
![]() Toubkal Mountain in Toubkal National Park in the High Atlas | |
Highest point | |
परबतचोटी | Toubkal |
ऊँचाई | 4,165 मी (13,665 फीट) |
लोकेशन (भूगोलीय) | 31°03′43″N 07°54′58″W / 31.06194°N 7.91611°Wनिर्देशांक: 31°03′43″N 07°54′58″W / 31.06194°N 7.91611°W |
भूगोल | |
देस | अल्जीरिया, मोरक्को and ट्यूनीशिया |
Geology | |
चट्टान के उमिर | प्रीकैम्ब्रियन |
ई अल्पाइन क्रम के मोड़दार परबत हवे आ अफ्रीकी प्लेट के यूरेशियाई प्लेट से टकराव के कारण बनल हवे। ठीक ओही तरे जइसे की हिमालय परबत के उत्पत्ति भइल हवे।
एटलस परबत के सभसे ऊँच चोटी मोरक्को में मौजूद माउंट तूबकाल (4167 मी) बाटे। एटलस परबत के कुल लंबाई लगभग 2500 किलोमीटर बाटे।
संदर्भसंपादन
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Atlas Mountains पर मौजूद बा। |
ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |