एडमंड स्पेंसर
एडमंड स्पेंसर (अंग्रेजी: Edmund Spenser; /ˈspɛnsər/; 1552/1553 – 13 जनवरी 1599) एगो अंगरेज कवी रहलें। इनके परसिद्धि खासतौर प इनके रचना दि फेयरी क्वीन खाती हवे जे एक ठो महाकाव्य नियर लमहर कबिता हवे, एह कबिता में ट्यूडर बंस आ पहिली एलिजाबेथ के समय के इनडाइरेक्ट तरीका से बिबरन हवे; एह कबिता के मुख्य मकसद अरस्तू के बतावल सद्गुण सभ के कहानी के रूप में बिबरन दिहल रहे। ई कबिता अंग्रेजी भाषा के कुछ सभसे लमहर कबिता सभ में से एक हवे।
एडमंड स्पेंसर | |
---|---|
मूल नाँव | Edmund Spenser |
जनम | 1552/1553 लंदन, इंग्लैंड |
निधन | 13 जनवरी 1599[1] लंदन, इंग्लैंड | (उमिर 47)
समाधी | वेस्टमिन्स्टर एबे |
पेशा | कवि |
भाषा | अंग्रेजी |
महतारी संस्था | पेम्ब्रोक कॉलेज, कैंब्रिज |
समय | 1569–1599 |
प्रमुख रचना | दि फेयरी क्वीन |
दसखत |
एडमंड स्पेंसर के आधुनिक अंग्रेजी कबिता के अगुआ के रूप में परसिद्धि हवे आ इनके अंग्रेजी के सभसे महान कबी लोग में भी गिनती होखे ले।
संदर्भ
संपादन करींई लेख केहू कबी की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |