एनजीसी 4414 (NGC 4414[नोट 1]) एक ठो बिना बाँहदार गेड़ुराइल गैलेक्सी बाटे जे हमनी के सौर मंडल से 6.2 करोड़ अँजोर-बरिस के दूरी पर कोमा बेरेनाइसेस नाँव के नक्षत्रमंडल में मौजूद बा। ई गैलेक्सी में ढेर सारा हिस्सा बाने जे एकरा के गेड़ुरी (स्पाइरल) नियर रूप देलें लेकिन तबो पर अचरज के बात ई बा कि एह में बाँह नियर रचना ना पावल जाले। साल 1974 में एह गैलेक्सी में एक ठो सुपरनोवा, एसएन 1974जी, देखल गइल आ ई अकेल सुपरनोवा रहल जे एह गैलेक्सी में देखल गइल रहल, हालाँकि 7 जून 2013 के एसएन 2013डीएफ खोजल गइल जेकर मैग्निच्यूड 14 नापल गइल।

NGC 4414
एनजीसी 4414 गैलेक्सी

एह गैलेक्सी के 1995 में हबल दूरबीन से देखल गइल रहल, एह मिशन में कई ठे गैलेक्सी सभ के हमनी के सौर मंडल से दूरी अंदाजे के कोसिस कइल गइल रहल। दुबारा 1999 में हबल हेरिटेज प्रोग्राम के तहत फिर एकर अध्ययन कइल गइल। एह गैलेक्सी के बाहरी हिस्सा निलाहूँ रंग के लउकेला काहें कि एह बाहरी हिस्सा में लगातार नया तारा सभ के निर्माण हो रहल बाटे।[1]

एनजीसी 4414 के एक ठो अउरी बिसेसता इहो बा कि ई बहुत अकेल गैलेक्सी हवे आ एकरा आसपास अउरी गैलेक्सी सभ ना देखल गइल बाड़ी।[2] भूतकाल में एकर अन्य कवनों गैलेक्सी के साथे कौनों तरह के क्रिया-प्रतिक्रिया भइल होखे एहू बात के कवनों परमान ना पता चले ला। ई स्टारबर्स्ट गैलेक्सी होखे के बावजूद एटोमिक आ मॉलिक्यूलर गैस के मामिला में बहुत धनी गैलेक्सी बाटे। एटामिक गैस के बिस्तार एह गैलेक्सी के पलेट नियर हिस्सा के बाहर तक ले पर्याप्त मात्रा में पावल जाला।[3]

इहो देखल जाय संपादन करीं

नोट संपादन करीं

  1. नाँव "एनजीसी" के फुल फ़ार्म हवे न्यू जेनेरेशन कैटलॉग, यानि नया पीढ़ी के कैटलॉग

संदर्भ संपादन करीं

  1. Frattare, L. M.; Zurek, D. R. (1997). "The Discovery of a Possible Luminous Blue Variable in NGC 4414". American Astronomical Society, 194th AAS Meeting, #82.02; Bulletin of the American Astronomical Society. 31: 967. Bibcode:1999AAS...194.8202F.
  2. Braine, J.; Brouillet, N.; Baudry, A. (1997). "The anatomy of an isolated spiral galaxy: NGC 4414". Astronomy and Astrophysics. 318: 19–28. Bibcode:1997A&A...318...19B.
  3. Braine, J.; Combes, F.; van Driel, W. (1993). "NGC 4414: A flocculent galaxy with a high gas surface density". Astronomy and Astrophysics. 280 (2): 451–467. Bibcode:1993A&A...280..451B.