एमएसपी (MSP), पूरा नाँव कम-से-कम सपोर्ट कीमत (अंग्रेजी: minimum support price, हिंदी: न्यूनतम समर्थ मूल्य) भारत सरकार के एगो नीति हवे जेकरे तहत कुछ फसल सभ खातिर सरकार कीमत के कम-से-कम दर तय करे ले जवना कीमत पर किसान आपन फसल के उत्पादन सरकार के बेच सके लें। केंद्र सरकार फसल सभ के एगो अइसन कम-से-कम दाम तय करे ला आ मान लीं कि अगर बजार आ मंडी में फसल के कीमत गिर जाय तब्बो सरकार एही एमएसपिये पर ही किसानन से फसल खरीदे ले जवना से कि किसानन के नोकसान से बचावल जा सके।[1]

farmers at protest
2020-2021 के किसान आंदोलन में एमएसपी के गारंटी एगो प्रमुख मुद्दा रहल बा।

ई दाम खेती में लागे वाली लागत से कम-से-कम डेढ़ गुना होखे ले। हालाँकि, एह दाम पर खरीद सरकारी खरीद होला, अक्सरहा किसान लोग के एकरा से कम दाम पर गैर-सरकारी एजेंट सभ के चाहे मंडी आ बजार में आपन फसल बेचे के पड़े ला। मतलब ई की की सरकार के एगो नीति भर हवे कौनों कानून ना हवे कि एकरा से कम दाम पर फसल के खरीद करे से मंडी आ एजेंट सभ के रोकल जा सके।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "फ़सलों की एमएसपी क्या है और क्यों चाहते हैं किसान इसकी गारंटी?". BBC News हिंदी (हिंदी में). 30 नवंबर 2021. Retrieved 30 नवंबर 2021.