एम. एस धोनी : द अनटोल्ड स्टोरी

एम. एस धोनी : द अनटोल्ड स्टोरी 2016 के भारतीय हिंदी भाषा के एगो जीवनी आ खेल पऽ के फिलिम बाटे जेकरा नीरज पांडे लिखलें आ निर्देसित कइले बाड़ें। ई भारत के राष्ट्रीय क्रिकेट टीम के टेस्ट, एकदिना आ टी-20 के कप्तान रहल महेंद्र सिंह धोनी के जिनगी पऽ बनल बा। एह फिलिम मे एमएस धोनी के भूमिका मे सुशांत सिंह राजपूत बाड़न आ साथही दिशा पटानी, कियारा आडवानी, आ अनुपम खेर लोग काम कइले बा। एह फिलिम मे धोनी के छोट उमिर से जिनगी के घटना सभ के सिलसिला के माध्यम से जिनगी के वृत्तांत बा।